web analytics

बिहार में एक करोड़ से अधिका राशन कार्ड बाँटल जाई

बिहार में नया लाभार्थी एक करोड़ दू लाख लोग के राशन कार्ड देबे के काम एही महीना से शुरू होखे वाला बा. जिला जिला में शिविर लगा के एकरा के बांटल जाई आ साथही डीजल आ किरासन तेल के कूपनो एह शिविरन में बँटाई.
सरकार के कहना बा कि गँवई इलाका में बीडीओ आ शहरी इलाका में नगर आयुक्त के देखरेख में राशन कार्ड बाँटल जाई आ एकरा पहिले पूरा छानबीन कर लीहल जाई जेहसे बाद में कवनो गड़बड़ी मिले के अनेसा मत रहो.

 325 total views,  5 views today

%d bloggers like this: