web analytics

बनकटा टीसन पर तीन गो लड़िकन के दर्दनाक मौत

आजु सबेरे देवरिया जिला के बनकटा टीसन पर रेलगाड़ी से कटा के तीन गो लड़िकन के मौत हो गइल. बसनहिया, जगदीशपुर, आ बनकटा तीन गो अलगा अलगा जगहा के ई लड़िका कोचिंग करे भाटपार रानी जाए खातिर टीसन पर आइल रहलें. एक नंबर प्लेटफार्म पर गोरखपुर जाए वाली सवारी गाड़ी खड़ा रहुवे आ तीन नंबर पर सिवान ओर जाए वाली गरीबरथ ट्रेन खुलत रहुवे. ई तीनो लड़िका दू नंबर लाइन पर खड़ा हो के देखत रहलें तबले ओही लाइन पर सिवान का ओर से छपरा मथुरा एक्सप्रेस आ गइल आ कुहासा का चलते ई लोग देख ना पावल आ ट्रेन एहलोग के काटत निकल गइल.
मरेवालन में सोरह से अठारह बरीस के रहले ई तीनो लड़िका.

 283 total views,  5 views today

%d bloggers like this: