आजु प्रेस दिवस का मौका पर राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी कहनी कि मीडिया पर दीहल जाए वाला खबर संतुलित होखे के चाहीं आ भावना भड़कावे के कोशिश ना होखे के चाहीं. कहलन कि मीडिया के देश खातिर जवाबदेह होखे के चाहीं. राष्ट्रपति निराश लगनी आ शायद उहों के लागल कि देश के मौजूदा मीडिया पक्षपात वाला, एकतरफा आ अइसन खबर देबे में लागल बा जवना से देश में भावना भड़कत बा.
240 total views, 5 views today