web analytics

सिवान में किडनैप व्यापारी अबहीं ले ना मिललन

सिवान जिला के पचरूखी बाजार के एगो व्यवसायी हरिशंकर के किडनैपिंग के मामिला के खुलासा करे में अतवार का दिने पुलिस के टीम पचरूखी चहुँपल. टीसन के प्लेटफार्म आ अगल बगल के दुकानन के बारीकी से देखलसि आ कुछ साक्ष्य बटोर के वापस हो गइल. सोमारो का दिने जाँच करे वाली टीम पचरुखी अइली सँ बाकिर व्यवसायी के कवनो सुराग ना भेंटाइल.
सिवान के सांसद ओमप्रकाश यादव के कहना बा कि जबसे महागठबन्हन के जीत भइल तब से अचानके अपराध के गिनिती बढ़ गइल बा. अपराधी छुट्टा साँढ़ लेखा चरल शुरू कर दिहलें बाड़न सँ काहे कि ओकनी के मालूम हो गइल बा कि ओकनी पर कवनो कार्रवाई नइखे होखे वाला. ओकनी के लागत बा कि अब त ओकनिए के सरकार बन गइल बा. सईंया भए कोतवाल अब डर काहें?

 299 total views,  2 views today

%d bloggers like this: