web analytics

छपरा के रहेवाला आ दिल्ली पुलिस के एसीपी अपना के गोली मार के मर गइले

सोमार का रात कवनो बात पर मरद मेहरारू का बीच झगड़ा भइल जवना का बाद दिल्ली पुलिस में एसीपी आपन कोठरी बंद क के अपना सर्विस रिवाल्वर से अपना के गोली मार के जान दे दिहलें. दिल्ली के साउथ वेस्टर्न रेंज के स्पेशल सेल में एसीपी का पद पर तैनात अमित सिंह छपरा जिला के रहलें. बाद में उनकर पत्नी डा. सरितो सिंह छत से कूद के जान देबे के कोशिश कइली बाकिर उनुका के गंभीर हाल में अस्पताल में भरती करावल गइल बा. दुनू जने के बीच एगो डेढ़ बरीस के बेटी बिया.
सोमार के साँझ आफिस से लवटला का बाद अमित सिंह आ सरिता सिंह में कवनो बात पर बकझक हो गइल आ अमित अपना के कोठरी में बंद क के गोली मार लिहलें. गोली के आवाज सुन के सरिता सिंह गार्ड के बोलवली आ दरवाजा तूड़ के देखली त बिछवना पर अमित के लाश खून से लथपथ पड़ल रहुवे. एकरा बाद सरिता सिंह चरमंजिला डेरा से नीचे कूद के जान देबे के कोशिश कइली बाकिर उनुका के तुरते अस्पताल चहुँपावल गइल जहाँ उनकर हालत खराब बतावल जात बा.
पुलिस एह मामिला के तहकीकात करे में लागल बिया कि झगड़ा काहे भइल आ कइसे बात बिगड़ल.

 323 total views,  5 views today

%d bloggers like this: