web analytics

चंदौली के गांव में रेल लाईन पर मरद मेहरारू के लाश मिलल

चंदौली जिला के बढ़वलडीह गाँव का लगे रेल लाईन पर बुध का भोर में एगो नवही आ नवहिन के कटाइल लाश मिलल. लाश का लगही बैग में कपड़ा रहुवे बाकिर कवनो अइसन सामान ना रहुवे जवना से एह दुनू के पहचान साबित हो सके.
पुलिस के लागत बा कि दुनू प्रेमी रहलें आ मिल के खुदकुशी करे के फैसला क के रेल लाईन पर कटा के जान दे दिहलें.

 406 total views,  5 views today

%d bloggers like this: