web analytics

छपरा के शेख डुमरी में नाव पलटला से दू गो बच्चियन के मौत

छपरा के नयागाँव इलाका के शेख डुमरी बाजितपुर गाँव का लगे गंगा नदी में नाव पलटला से दू गो बच्चियन के मौत हो गइल. बाकी लोग या त अपने पँवड़ के निकल गइल भा बचा लीहल गइल.
एह छोटहन नाव पर एगारह लोग सवार रहुवे आ छठ पूजा करा के गाँव वाला किनारे लवटत रहुवे जब ई हादसा हो गइल.
प्रशासन का तरफ से पीड़ित परिवारन के चार चार लाख के चेक बाँट दीहल गइल बा.

 258 total views,  2 views today

%d bloggers like this: