web analytics

आरोपी राज्यपाल हटावे खातिर केन्द्र से जवाब मंगलसि सुप्रीम कोर्ट

मध्यप्रदेश के व्यापम घोटाला में शामिल रहे के आरोपी कांग्रेसी नेता रहल आ कांग्रेस राज में मध्यप्रदेश के राज्यपाल बनावल गइल यूपी के मुख्यमंत्री रह चुकल रामनरेश यादव के हटवावे ला दायर एगो गुहार पर सुप्रीम कोर्ट केन्द्र सरकार से जवाब मंगले बिया. राज्यपालो के नोटिस भेज के जवाब मांगल गइल बा.
जान जाईं कि व्यापम घोटाला कांग्रेसी मुख्यमंत्री दिग्विजय सिंह का समय से चलल आवत बा आ एह मामिला से जुड़ल पचासन लोग के संदिग्ध हालात में मौत हो चुकल बा.
वकीलन के एगो गोल का तरफ से दायर एह गोहार में कहल गइल बा कि केन्द्र सरकार अइसन नियम कायदा बनावे जवना से भठियारा राज्यपालन के हटावे के दिशा निर्देश मिल सके. रामनरेश यादव के हटा के उनुका से पूछोताछ करे के मांग कइल गइल बा एह गोहार में.

 324 total views,  5 views today

%d bloggers like this: