बचलन छेदी पासवान
November 23, 2015
अतवार का सँझिया में एगो शादी समारोह में शामिल होखे जात सांसद छेदी पासवान के कार में एगो ट्रक सासाराम पोस्ट आफिस का नियरा धक्का मार दिहलसि जवना से गाड़ी के नुकसान त भइल बाकिर सांसद बच गइलन. ट्रक ड्राइवर के लोग चहेट के पकड़ लीहल आ ट्रक के शीशा फोड़ दीहल.
पुलिस ट्रक चालक के हिरासत में ले के पूछताछ करत बिया कि ई महज कवनो हादसा रहुवे कि कवनो साजिश का तहत अइसन भइल.