web analytics

दस लाख के इनामी आजमगढ़िया आतंकी मारल गइल

इस्लामिक स्टेट में आतंकी बने जाए खातिर भारतो से करीब दू दर्जन नवही सीरिया भा इराक जा चुकल बाड़न आ ओहमें से नाहियो त छह जने के जान जा चुकल बा. इस्लामिक स्टेट वाले हिन्दुस्तानी आतंकियन के कुकुरो बराबर ना मानसु आ घटिया काम करे पर मजबूर कइल जाला एहनी के. आ कई बेर त एकनी के फिदायिन हमला खातिर भेज दीहल जाला.
जवन छह गो हिन्दूस्तानी आतंकियन के मौत हो चुकल बा ओही में से एगो यूपी के आजमगढ़ के रहे वाला रहुवे. साजिद नाम के ई नवही आजमगढ के संजरपुर गाँव के रहुवे. एह गाँव के नाम कई बेर आतंकियन से जुड़ल खबरन में आवत रहेला. साजिद इंडियन मुजाहिदीनो से जुड़ल रहुवे आ ओकरा पर दस लाख रुपिया के इनामो राखल गइल रहे.
साजिद के मौत के खबर पकिया करे खातिर ओकरा घरवालन से जानकारी लीहल जात बा बाकिर ऊ कुछ बोलत नइखन सँ.

 418 total views,  5 views today

%d bloggers like this: