web analytics

देश दुनिया : काल्हु से आजु ले (मंगल 24/11)

बालीवुड कलाकार आमिर खान के देश में रहल खतरनाक बतावे वाला टिप्पणी पर भाजपा उनकर आलोचना करत बिया त कांग्रेसी आ दोसर सेकूलर जमात आमिर के पीट थपथपावत बाड़ें. भाजपा के कहना बा कि विपक्ष देश के बदनाम करे में लागल बा जेहसे दुनिया में भारत के छवि खराब बन जाव.

मध्यप्रदेश के रायपुर में एगो महिला डॉक्टर के गर्भ में पलात शिशु के लिंग बतावे का आरोप में एक साल के जेल के सजा सुनावल गइल बा.

नागालैंड के फेक जिला के मेलूरी हेलीपैड पर आजु एगो पवन हंस हेलीकॉप्टर के उतरत घरी हादसा हो गइल आ छह लोग के मौत हो गइल.

तुर्की के लड़ाकू विमान आजु सीरिया सीमा का लगे रुस के एगो लड़ाकू विमान के मार गिरवले आ ओह विमान के मलवा तलाश में चहुँपल एगो हेलीकाप्टरो के मार गिरवले. एकरा बावजूद चोर मचाए शोर वाला अंदाज में तुर्की में रुस के राजदूत के बोलावल गइल बा कि रुस तुर्की के सीमा काहे लँघलसि.

आजु मंगल का दिने लगातार दुसरका दिन शेयर बाजार में गिरावट दर्ज भइल. सेंसेक्स 44 अंक गिरल त निफ्टी 18 अंक.

आंध्र प्रदेश के सत्ताधारी दल टीआरएस वारंगल लोकसभा सीट पर भइल उपचुनाव में आपन कब्जा बरकरार राख लिहलसि आ साढ़े चार लाख वोट का अंतर से जीत गइल.

मिस्र के उत्तरी सिनाई प्रायद्वीप में एगो होटल का बहरी भइल कार बम विस्फोट से चार जने के मौत हो गइल आ 14 लोग घवाहिल हो गइल. मरे वालन में एगो जजो शामिल रहलन जे संसदीय चुनाव के निगरानी करे आइल रहलें.

अंडर-19 त्रिकोणीय श्रृंखला के मैच में आजु मंगल का दिने जादवपुर विश्वविद्यालय मैदान पर भइल मैच में भारतीय टीम बांग्लादेश के चार विकेट से हरा दिहलसि.

आजु सुप्रीम कोर्ट एगो गोहार के नकार दिहलसि जवना में राहुल गाँधी के विदेशी होखला के जाँच जल्दी से करवावे के कहल गइल रहुवे. नेशनल हेराल्ड मामिलो में सोनिया गांँधी आ राहुल गाँधी के खिलाफ मामिला के सुनवाई दिल्ली के हाई कोर्ट में ढेर दिन से लटकल बा.

योगी आदित्यनाथ आजु मंगल का दिने कहलन कि जिनका देश में रहल मुश्किल लागत बा ऊ लोग शौक से देश छोड़ के जा सकेला. एहसे कमसेकम आबादी त कुछ घटी.

कश्मीर के बिजबेहड़ा में तीन गो आतंकियन के लाश दफनवला का बाद अलगाववादी जम के बवाल कटलन आ मुख्यमंत्री मुफ्ती मुहम्मद सईद के आवास का लगे पाकिस्तानी झंडा फहरा दिहलन.

मणिपुर में पिछला दिने भइल विधानसभा के तीन गो सीट पर उपचुनाव में दू गो सीट जीत के भाजपा मणिपुर विधानसभा में आपन खाता खोल लिहलसि. कांग्रेसो के एगो सीट मिल गइल बा.

मेघालय उपचुनाव में नॉनगोस्टीन विधानसभा सीट पर विपक्षी एचएसपीडीपी सत्ताधारी कांग्रेस के उम्मीदवार के हजारन वोट से हरा दिहलसि.

भारत आ सिंगापुर का बीच आजु मंगल का दिने नौ गो समझौता पर दस्तखत हो गइल.

मध्य प्रदेश में भइल उपचुनाव में विधानसभा सीट पर भाजपा के आ लोकसभा सीट पर कांग्रेस के जीत मिलल बा. लोकसभा के ई सीट पहिले भाजपा का लगे रहुवे.

नेपाल के नयका संविधान में बदलाव के मांग ले के चलत मधेसिया आन्दोलन के मद्देनजर नेपाल सरकार संविधान संशोधन करे पर विचार करत बिया आ एहला ओहिजा के संसद में एगो विधेयक ले आवे के सोमार का दिने एलान क दिहलसि.

रायपुर के सरदार वल्लभ भाई पटेल स्टेडियम में खेलल गइल तिसरका हाकी टेस्ट मैच में भारत आस्ट्रेलिया के 3-2 से हरा दिहलसि बाकिर सीरीज आस्ट्रेलिया के नामे चल गइल काहे कि एकर फैसला करे ला भइल पेनाल्टी शूटआउट में भारत हार गइल.

यूपी के गाजीपुर मेंं सोमार का दिने एगो नवही के लाश जमानियां के मदनपुरा मुहल्ला में रहेवाल ओह नवही के घर का नियरे नहर किनारे मिलल. ओकर हत्या धारदार हथियार से गरदन काट के कइल गइल बा.

गुजरात के मुख्यमंत्री आनंदीबेन पटेल सोमार का दिने साफ कह दिहली कि पटेल समुदाय के लोग के आरक्षण ना दीहल जाई.

 266 total views,  2 views today

%d bloggers like this: