web analytics

गाजीपुर में ट्रक आ ट्रेन के टक्कर

गाजीपुर जिला में सहेड़ी क्रासिंग पर काल्हु एगो ट्रक शनिचर का भोर में स्वतंत्रता सेनानी से टकरा गइल. एह हादसा में ट्रक नेस्तनाबूद हो गइल. बतावल जात बा कि गिट्टी लदले इ ट्रक तेज रफ्तार से आके रेल फाटक के तूड़त लाईन पर आ गइल. लाईन पर रेल गाड़ी आवत देख ड्राइवर आ खलासी कूद के भाग निकलले बाकिर ट्रक उधिया गइल.
संजोग से एह हादसा में केहू के जान ना गइल आ केहू घवाहिलो नइखे भइल. हादसा का चलते औड़ीहार गाजीपुर सेक्शन पर तीन घंटा ले रेलगाड़ियन के आवाजाही बंद रहल आ क्रासिंग का दुनू ओर वाहनन के कतार लाग गइल.
हालांकि सड़क परिवहन करीब छह घंटा ले जाम से जूझल.

 303 total views,  4 views today

%d bloggers like this: