बहुते खुशी के बात बा कि बिहार में पहिलका बेर होखे जात वालीबाल के राष्ट्रीय स्तर के प्रतियोगिता के आयोजन सारण जिला में होखे जात बा. छपरा के लोग एह बात पर आपन माथ ऊंच क सकेला.
छपरा के राजेंद्र स्टेडियम में 8 से 13 दिसंबर ले 42 वां जूनियर नेशनल वालीबाल प्रतियोगिता होखे जात बा. सारण जिला वालीबाल संघ के अध्यक्ष आ विधायक रहल विनय कुमार सिंह बतवलन कि एह काम में कौशल विकास मंत्रालय अउर नेशनल स्कील डेवलपमेंट कारपोरेशन सहयोग करत बा. प्रतियोगिता के बढिया से करावे ला कईगो समिति बनावल गइल बा. केन्द्रीय मंत्री राजीव प्रताप रूडी एह काम में हर संभव मदद देत बाड़न.
प्रतियोगिता के उद्घाटन बिहार के राज्यपाल रामनाथ कोविंद करीहें. एह प्रतियोगिता में देश के 26 गो राज्य के टीम आपन मंजूरी भेज चुकल बाड़ी सँ. महिला खिलाड़ियन के ब्रजकिशोर स्कूल में आ पुरुष खिलाड़ियन के सेंट्रल पब्लिक स्कूल में ठहरावल जाई. खाए के इंतजाम रामजयपाल कॉलेज में करावल गइल बा. करीब एक हजार लोग के आवे के उमेद बा एह प्रतियोगिता में.
221 total views, 5 views today