बीसीसीआई टीम के धमाकेदार सलामी बल्लेबाज रहल वीरेंद्र सहवाग जल्दिए क्रिकेट कमंटेटर के रूप में सामने आवे वाला बाड़न.
उमेद कइल जात बा कि अगर भारत-पाकिस्तान के बीच श्रीलंका में हो सकेवाला क्रिकेट सीरीज शुरू भइल त एकरे से उनकर शुरुआत हो जाव.
उनुका के कमेंटेटर बनावे के प्रस्ताव टेन स्पोर्ट्स समेत अउरिओ चैनलन से मिलल बा.
एह बारे में सहवाग के कहना बा कि उ त इहे चहीहें कि भारत पाकिस्तान का बीच क्रिकेट के खेल होखल करो बाकिर सरकार जवने फैसला ली ओकरा के मान लीहल जाई. इहो कहलन कि अगर क्रिकेट बोर्ड उनुका के कवनो जिम्मेदारी दी त ओकरा के सकारे ला खुशी खुशी तइियार बाड़न.
हाल के पिच विवाद पर सहवाग कहलन कि हर देश अपना हिसाब से पिच बनावेला आ हमनियो के अइसन कइल गलत ना कहल जा सके.
274 total views, 2 views today