नेपाल के नयका संविधान से शिकायत राखे वाला मधेसियन के आन्दोलन के कचारे खातिर नेपाल सरकार का साथही अब सत्ताधारी माओवादी बवाल पर उतर गइल बाड़ें. काल्हु भारतीय दूतावास के एगो कार के जरा दीहल गइल. हालांकि दूतावास एह खबर के खंडन करते कहले बावे कि ओकर कवनो गाड़ी नइखे जरावल गइल.
अब मधेसी आन्दोलन के समर्थन में उतर आइल बाड़ें. काल्हु वीरगंज के सगरी स्कूल कालेज के छात्र रैली निकाल के मधेसी आन्दोलन के समर्थन कइलें. ओने माओवादियन के कहना बा कि भारत नेपाल के अन्दरुनी राजनीति में दखल देत बा. माओवादी आजु भारत का खिलाफ बंद के एलान कइले बाड़े. ई लोग नेपाल में हिन्दी फिलिमन आ टीवी चैनलन का खिलाफ बाड़े आ पूरा नेपाल में भारत विरोधी माहौल बनावे में लागल बाड़ें.
384 total views, 4 views today