बीएचयू में दू गो नया संस्थान आ एगो संकाय
November 29, 2015
स्थापन के सौ साल मनावत बीएचयू में विज्ञान आ प्रबंधशास्त्र संकायन के संस्थान के दरजा मिल गइल बा आ पशुपालन संकाय नया खोलल गइल बा. काल्हु कुलपति प्रो॰ गिरीश चन्द्र त्रिपाठी एह बात के जानकारी खेल मनोविज्ञान कांफ्रेंस के उद्घाटन समारोह में दिहलन. कहलन कि अब बीएचयू में छह गो संस्थान हो जाई आ पशुपालन संकाय मिला के कुल्ह बारह गो संकाय हो जाई.