लिखित परीक्षा में अपना मन मर्जी के प्रतिभागियन के बहाल करावे में आवत दिक्कत देखत यूपी सरकार अब फैसला कइले बिया कि एह बहाली ला लिखित परीक्षा ना लीहल जाई. मैट्रिक आ इंटर के नंबर का आधार पर चुनल गइल लोग के शारीरिक टेस्ट लीहल जाई आ ओकरे आधार पर बहाली होखी.
जान जाईं कि पिछला बहाली में बहुते लोग का कापी पर उजर पेंट लगा के जवाब बदलल गइल मिलल रहे आ अदालत ओह लोग के बहाली पर रोक लगा दिहलसि. यूपी सरकार आ ओह लोग के वकीलन के लाख कहला का बावजूद सुप्रीम कोर्ट ओह लोग के बात ना सुनलसि आ बहाली पर लागल रोक कायम राख दिहलसि. एही चलते अब अइसन व्यवस्था कइल जात बा.
239 total views, 5 views today