काल्हु शनिचर का दिने यूपी के पंचायत चुनाव के पहिला दौर में 221 प्रखंडन में मतदान करावल गइल. छिटपुट मारपीट आ हिंसा के माहौल में 75 फीसदी मतदान होखे के खबर बा. करीब एक दर्जन जिलन में हिंसा होखे के खबर बा. आगरा आ एटा जिला में एह हिंसा में एक एक आदमी आ मैनपुरी जिला में दू आदमी के मौत होखे के खबर बा.
पुलिस प्रशासन दर्जनो लोग के हिरासत में ले लिहल बिया.
काल्हु के वोटिंग में सबले अधिका वोट चंदौली जिला में आ सबले कम वोट गाजीपुर में पड़ल. बलिया में करीब 66 फीसदी मतदान भइ जबकि चंदौली में 82 फीसदी. गाजीपुर में 64.5 फीसदी मतदान के खबर बा.
439 total views, 2 views today