web analytics

शशि शेखर चाहत बाड़न कि सरकार सोशल मीडिया पर अंकुसा लगावे

दैनिक हिन्दुस्तान के संपादक शशि शेखर आजु अपना सम्पादकीय लेख में सरकार से आशा जतवले बाड़न कि सरकार सोशल मीडिया पर जल्दिए अंकुसा लगा दी. लिखले बाड़न कि इन्टरनेट के सुविधा का चलते अब बहुते आसानी से केहू पर करीखा पोतल जा सकेला. कई बेर त ई काम बाकायदा योजना बना के कइल जात बा आ एके ट्वीट के दुनिया के कई भाषा में अनुवाद करके डालल जात बा. अइसन काम केहू अकेला के वश में नइखे आ एकरा खातिर बाकायदा संगठन काम में लागल बाड़ी सँ.
देश के ‘तथाकथित’ मुख्य धारा के मीडिया कहाए वाला में अइसनका बहुते एंकर बाड़न जिनकर एके मकसद होला कि केहू तरह मोदी सरकार, भाजपा, संघ आ हिन्दूत्व के सोच के बदनाम कइल जाव. पहिले आम आदमी का लगे साधन ना रहुवे आ एह लोग के ‘अश्वत्थामा हतो, नरो वा कुंजरो वा’ वाला झूठ समय रहते पकड़ में ना आवत रहुवे आ बहुते लोग एह लोग के बहकावा में आ जात रहलें. बाकिर सोशल मीडिया का चलते एह तरह के झूठ के खुलासा बहुते तेजी से हो जात बा. एह चलते ‘मुख्यधारा’ के मीडिया आम जनता के आवाज दबावे के भरपूर कोशिश करत बाड़ें आ शशि शेखर के लेख एही मकसद से लिखल गइल बा.

 350 total views,  5 views today

%d bloggers like this: