गोपालगंज में सड़क हादसा में दू जने के मौत
November 29, 2015
गोपालगंज जिला के कुचायकोट बघउच रोड पर उचकागांव का नियरा शनिचर का सबेरे एगो बाइक के टक्कर जेसीबी से हो गइल जवना चलते बाइक सवार नवही के मौत ठांवे पर हो गइल. पीछे बइठल एगो छोट बच्चा बहुते घवाहिल हाल मरं कुचायकोट पीएचसी चहुँपावल गइल बाकिर ओकरो मौत इलाज का दौरान हो गइल.
गाँव वालन के कहना बा कि पीएचसी पर इलाज में कोताही का चलते बचवा के मौत हो गइल. लोग ओहिजा के डाक्टर से मारपीट कइल आ भठवां मोड़ पर एनएच 28 पर जाम लगा दीहल . मामिला शान्त करे चहुँपल प्रशासन चार चार लाख के मुआवजा आ डाक्टर का खिलाफ कार्रवाई करे के बात कह के मामिला शांत करवले.
डाक्टर का खिलाफ परिवार वाले केस लिखववले बाड़े.