web analytics

टिकट चेकिंग ना क के अब सवारियन के दख भाल करीहें रेलवे के टीटीई

रेलमंत्रालय के योजना बा कि टीटीई के नया बहाली पर रोक लगा दीहल जाव आ जे पहिले से टीटीई बा ओह लोग के सवारियन के सुख-सुविधा देखे का काम में लगा दीहल जाव. एह फैसला का खिलाफ रेलवे के यूनियन सभ एह बात के विरोध करत बाड़ी सँ.

सातवा वेतन आयोग के रपट में टीटीई/टीसी, इंक्वायरी-कम-रिजर्वेशन क्लर्क (ईसीआरसी) आ कामर्शियल क्लर्क एह तीनों के मिला के कामर्शियल आ टिकट चेकिंग स्टाफ मानल गइल बा आ एह लोग के मर्जर क देबे के सलाह दीहल गइल बा आ मौजूदा छह गो पे ग्रेड घटा के चार गो कर दीहल गइल बा.

रेलवे बोर्ड के कहना बा कि अब टिकट बुकिंग में तकनीक के इस्तेमाल बहुत बढ़ गइल बा आ टीटी लोग के खास काम नइखे रहि गइल. एहसे टिकटिंग स्टाफ के बहाली खातिर न्यूनतम योग्यता मैटिक से बढ़ा के ग्रेजुएशन कर दीहल जाव. हाल में टिकट रद्द कइला आ रिफंड नियमन में बदलाव का बाद रेलवे के बुकिंग पहिले से दस फीसदी बढ़ गइल बा. पहिले टिकट कन्फर्म ना भइला पर लोग टीटीई के ‘सेवा’ ले लेत रहुवे आ रेलवे के कवनो आमदनी ना होखत रहुवे. अब लोग के आपन टिकट रद्द करा के नया टिकट कटावे के पड़त बा.

 360 total views,  5 views today

%d bloggers like this: