web analytics

तस्करन के पीछा करत नेपाल सीमा में घुसल 13 गो एसएसबी जवान गिरफ्तार

बिहार से तस्करन के पीछा करत भारत के सशस्त्र सीमा बल के तेरह गो जवान अतवार का भोर में नेपाल के सिवान पार क गइलें त ओहनी के नेपाल के सशस्त्र प्रहरी गिरफ्तार कर लिहलसि बाकिर दिन भर रखला का बाद साँझ बेरा रिहो क दिहलसि.
ई घटना दू देश के बीच के मामिला होखला का चलते खलबली मच गइल आ दुनू तरफ के अधिकारी एह मामिला के समय रहते सझुरा लिहलें आ बात बिगड़े ना दीहल गइल.
बतावल जात बा कि तस्कर नेपाल सीमा में घुस के खुटामनी गांव के एगो घर में लुका गइलें. एसएसबी के दू गो जवान ओहिजा चहुँपले त मकान मालिक हल्ला मचा दिहलसि आ नेपाल सशस्त्र प्रहरी आ के दुनू के गिरफ्तार कर लिहलसि. एह लोग के छोड़ावे चहुँपल एगारह गो अउरी एसएसबी जवानन के ध लिहलसि नेपाल सशस्त्र प्रहरी.
खैर साँझ बेरा सगरी जवानन के छोड़ दीहल गइल बाकिर तस्कर बाच निकलल.

 440 total views,  5 views today

%d bloggers like this: