Go to ...
RSS Feed

ददरी मेला में राजा के हरा के टारजन जीत गइल


काल्हु बलिया के मशहूर ददरी मेला के पहिलका अतवार रहुवे आ मेले देखे आइल बड़हन भीड़ का बीच घुड़दौड़ के चेतक प्रतियोगिता करावल गइल. एह प्रतियोगिता में आजमगढ़ के इरशाद अहमद के घोड़ा टारजन पहिला नंबर पर आइल आ बिहार के मुजफ्फरपुर जिला के रोमा बाबू के घोड़ा दुसरका नंबर पर आइल. मुजफ्फरेपुर के हरवंश राय के घोड़ा तिसरका जगहा रहल.
घुड़दौड़ के कुल्ह चार दौर चलल आ हर दौर के दू गो विजेता घोड़न के आखिरी दौर में दउड़ावल गइल. फाइनल राउंड में कुछ सोच के भा योजना से दौड़ के आयोजक तय कइलन कि दुलकी चाल के रेस होखी जवना चलते रेस में आगे आवे वाला घोड़न के फाउल दे के रेस से बाहर कर दीहल गइल.

Tags: , ,

More Stories From उत्तर प्रदेश

%d bloggers like this: