बिहार आ यूपी के जोड़े वाला खरीद दरौली पीपा पुल बन के तइयार हो गइल बा आ काल्हु अतवार का दिन से एह पर दुपहिया वाहनन के आवाजाही शुरु हो गइल.
घाघरा नदी पर बनल ई पीपा पुला बलिया के खरीद के सिवान जिला के दरौली से जोड़ेला. पुल ना रहला से या त लोग के नाव से पार करे पड़त रहुवे ना त सड़क से पाँच घंटा लागत रहुवे. अब एह दूरी के महज एक घंटा में पार क लिहल जात बा.
370 total views, 5 views today