web analytics

दुर्घटना में मौत भइला पर अधिका मुआवजा दीहल जाव

एगो सड़क हादसा में भइल मौत के दू गो ट्रक ड्राइवरन के साझा गलती मानत हाई कोर्ट बीमा कंपनी से मिले वाला मुआवजा आधा क दिहले रहुवे. बाकिर एगो ड्राइवर के पत्नी के गोहार सुनत सुप्रीमकोर्ट हाईकोर्ट के कटौती रद क दिहलसि आ बीमा कंपनी के पूरा मुआवजा देबे के आदेश दे दिहलसि.

एह हादसा में एगो ड्राइवर के मौत हो गइल रहुवे आ पुलिस दोसरका ड्राइवर के गलती मनले रहुवे बाकिर कोर्ट के कहना रहल कि जब दुनू के गलती रहुवे त एगो के पूरा मुआवजा कइसे दीहल जाव. बाकिर सुप्रीम कोर्ट एह बात के मान लिहलसि कि जब एगो ड्राइवर के मौत हो गइल त ओकर गलती बराबरे के कइसे मानल जाव.

 365 total views,  5 views today

%d bloggers like this: