web analytics

पीवी सिंधु खिताबी जीत के हैट्रिक लगवली

बैडमिंटन के खेल में भारत के माथ महिला खिलाड़ी पीवी सिंधु अतवार का दिने भइल मकाऊ ओपन ग्रां प्री टूर्नामेंट में जापान के खिलाड़ी मिनात्सु के 21-9, 21-23, आ 21-14 से हरा के खिताब पर लगातार तिसरका साल कब्जा क लिहली आ जीत के हैट्रिक लगा दिहली.
मैच 1 घंटा 6 मिनट ले चलल रहे आ दुसरका सेट में सिंधू हार गइल रही. बाकिर पहिलका आ तिसरका सेट जीत के ऊ खिताब जीत लिहली आ जापान ओपन में मिलल हार के बदला ले लिहली.

 357 total views,  5 views today

%d bloggers like this: