web analytics

बिहार विधानमंडल के बइठका खातिर चउकस पुलिस व्यवस्था

16वां बिहार विधानसभा के पहिला सत्र खातिर पुलिस के चउकर इतजाम करावल गइल बा. विधान सभा भवन के एक किलोमीटर का दायरा में धारा 144 लगा दीहल गइल बा.

मुख्य द्वार से बिना पास वाला कवनो वाहन के भीतर ना जाए दीहल जाई. विधायक आ विधानपार्षदो लोग के वाहन के जाँच कइल जाई. विधायक लोग के गार्डो के हथियार ले के भीतर ना जाए दीहल जाई. पूरा सत्र का दौरान दमकल के गाड़ी आ एंबुलेंसो के तइयार राखल जाई. एह दौरान कवनो संगठन के धरना प्रदर्शन करे के इजाजत ना दीहल जाई.

 320 total views,  5 views today

%d bloggers like this: