web analytics

श्रद्धांजलि का साथे शुरु भइल विधान मंडल के बइठक

बिहार विधानसभा के जाड़ावाला सत्र आजु शुरु हो गइल. सबसे पहिले राज्यपाल रामनाथ कोविंद कांग्रेस के पुरनिया विधायक सदानंद सिंह के प्रोटेम स्पीकर पद के किरिया धरवलें आ ओकरा बाद स्पीकर सदानंद सिंह राज्यपाल के धन्वाद दिहलन.

एकरा बाद नयका विधायकन के अभिनंदन करत सत्र के शुरुआत कइल गइल. मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के बहुमत पावे पर बधाई दिहलन राज्यपाल.

एकरा बाद हरलाखी से चुन के आइल रालोसपा विधायक 55 बरीस के बसंत कुमार कुशवाहा के श्रद्धांजलि दीहल गइल. कुशवाहा के निधन आजु सबेरे चार बजे पटना में हो गइल. अतवार रात उनुका दिल के दौरा पड़ल रहुवे. स्पीकर विधायक के निधन के शोक संदेश पढलन आ कार्यवाही मंगल के भोरे ले स्थगित क दिहल गइल.

काल्हु से नयका विधायकन के किरिया धरावे के काम शुरु होखी. सबसे पहिले मंत्रियन के किरिया धरावल जाई ओकरा बाद विधानसभा के क्रमवार किरिया धरावल जाई.

सत्ता पक्ष में अगिला कतार में आठ जने के बइठे के इंतजाम बा जवना में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार, उपमुख्यमंत्री तेजस्वी यादव, मंत्री तेज प्रताप यादव, अब्दुल बारी सिद्दीकी, बिजेंद्र प्रसाद यादव, राजीव रंजन सिंह उर्फ ललन सिंह, अशोक चौधरी आ श्रवण कुमार बइठिहे. एह लोग का पीछे वाला सीट पर मंत्रियन के बइठे के इंतजाम बा.

जदयू के पुरनया नेता विजय कुमार चौधरी के स्पीकर बनल करीब तय बा. 3 तारीख के राज्यपाल रामनाथ कोविंद संयुक्त सत्र में अभिभाषण दीहें.

 410 total views,  5 views today

%d bloggers like this: