सोनपुर में पेट्रोल पंप से 10 लाख लूटाइल
November 30, 2015
महागठबन्हन का राज में सोनपुर मेला के पुलिस व्यवस्था के ठेंगा देखावत थोड़िके दूर पर पहलेजा घाट चौकी इलाका के गोविंदचक में अतवार के साँझ बाइक से आइल दू गो लुटेरा पेट्रोल पंप से करीब दस लाख रुपिया लूट ले गइलें.
घटना के जानकारी मिलला का बाद पुलिस चहुँपल बाकिर कुछ सुराग ना मिल सकल काहे कि चाल्हाक अपराधी सीसीटीवी कैमरा के हार्डडिस्को निकाल ले गइलें.