web analytics

आईपीएल से सुंदर रमन के इस्तीफा मंजूर

इंडियन प्रीमियर लीग के स्पॉट फिक्सिंग मामला में नाम आईल सीओओ सुंदर रमन अपना पद से इस्तीफा दे दिहलन आ बीसीसीआई ओकरा के मंजूरो कर लिहलसि. याद करीं कि स्पॉट फिक्सिंग के जांच करत लोढ़ा कमेटी सुंदर रमन के भूमिका पर सवाल उठवले रहुवे. सुंदर रमन पर आरोप रहुवे कि ऊ चेन्नई सुपर किंग्स के … Read more

 260 total views

पंचायत चुनाव में यूपी के मंत्रियन के अनेके रिश्तेदारन के हार

यूपी पंचायत चुनाव में सरकार चलावत सपा के अनेके मंत्रियन के रिश्तेदारन के हार के मुँह देखे के पड़ल बा जवन सपा खातिर चिन्ता के बात लागत बा. बूथ कब्जा करे के आरोपी तोताराम यादव के हालत अतना पतरा गइल कि ऊ कवनो गिनिती में नइखन मानल जात. आज सबेरे ले क्षेत्र पंचायत के 77,576 … Read more

 230 total views

मधेसियन पर पुलिस फायरिंग से एक जने के मौत

भारत आ नेपाल के जोड़े वाला पुल पर आन्दोलन चला के भारत से आवे वाला सामन के रोके बइठल मधेसी आन्दोलनकारियन पर नेपाल पुलिस अतवार का दिने जोरदार कार्रवाई क के हटवलसि. एह दौरान पुलिस के फायरिंग से एक जने के मौत हो गइल आ अनेके लोग घवाहिल हो गइल, एह कार्रवाई का बाद चालीस … Read more

 250 total views

बृजमोहन मुंजाल के गंगालाभ

देश के बड़हन दुपहिया कंपनी हीरो मोटोकॉर्प के संस्थापक आ बानबे बरीस के हो चुकल बृजमोहन लाल मुंजाल के काल्हु अतवार का दिने कुछे दिन के बीमारी से गंगालाभ हो गइल. दक्खिन दिल्ली के एगो निजी अस्पताल में उनकर निधन भइल आ आखिरी संस्कार आजु सोमार का दिने करावल जाई.  230 total views

 230 total views

बिहार विधानसभा के आखिरी दौर के वोट खातिर प्रचार जोर पर

पाँचवा आ आखिरी दौर के वोट 5 नवंबर के पड़े वाला बा आ एह दौर खातिर सभे जी जान लगा दिहले बावे. पिछला चार दौर के चुनाव का बाद भाजपा नीत गठबन्हन उछाह पर बा त महागठबन्हन के चेहरा पर चिन्ता के लकीर लउके लागल बा. एह दौर के वोटिंग ला नव गो जिला के … Read more

 282 total views

यूपी पंचायत चुनाव के वोटगिनाई आजुओ जारी बा

कड़ा सुरक्षा का बीच काल्हु सबेरे से शुरु वोट गिनिती के काम काल्हु पूरा ना हो सकल आ आजुओ गिनिती करे के काम जारी बा. काल्हु बीडीसी सदस्यन के परिणाम त निकल आइल बाकिर जिला पंचायत सदस्यन के फैसला आजु आवे वाला बा. राज्य के 74 जिला में 819 जगहा वोट गिने के काम चलत … Read more

 235 total views

नवीं आ एगारहवीं के कोर्स में बदलाव कइलस सीबीसीई बोर्ड

एह साल से केन्द्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड (सीबीएसई) नवीं आ एगारहवीं के पाठ्यक्रम में बदलाव क दिहले बिया. एह साल से एह लोग के प्रॉब्लम सोल्विंग असेसमेंट के खतम कर दीहल गइल बा. एह बारे में सगरी स्कूलन के सर्कुलर भेज दीहल गइल बा.  222 total views

 222 total views

बिहार विधानसभा चुनाव के चउथा दौर पूरा हो गइल आजु

आजु अतवार का दिने चउथा दौर में बिहार के सात जिला के 55 गो सीट ला चुनाव पूरा हो गइल. कुल वोटिंग करीब 58 फीसदी रहल. सबले अधिका 59.96 फीसदी वोट पूर्वी चंपारण जिला में आ सबले कम 54.31 फ़ीसदी वोटिंग सिवान जिला में भइल. आजुओ के वोट में मेहरारुवन के जोशो खरोश देखे जोग … Read more

 289 total views

अजय राय के न्यायिक हिरासत दू हप्ता अउरी बढ़ल

वाराणसी में पिछला पांच अक्टूबर के निकालल गइल अन्याय प्रतिकार यात्रा के दौरान भइल बवाल खातिर गिरफ्तार कांग्रेसी विधायक अजय राय के न्यायिक हिरासत 14 दिन ला अउर बढ़ा दीहल गइल बा. अदालत अब अगिला सुनवाई के तारीख 10 नवंबर तय कइले बिया. ओही दिन फतेहगढ़ के केन्द्रीय कारागार में बन्द विधायक अजय राय के … Read more

 207 total views

कुछ लोग जानतबूझत गलत आरोप लगावत बा संघ पर

रांची में चलावल गइल राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के अखिल भारतीय कार्यकारी मंडल के तीन दिना बइठक के आखिरी दिन आजु अतवार के सरकार्यवाह सुरेश भय्या जी जोशी मीडिया के बधाई दिहलन कि एह बइठक के गुणात्मक समाचार प्रकाशित के से समाज के सही संदेश दिहल लोग. कहलन कि संघ का लगे 90 बरीस के सामाजिक … Read more

 357 total views

यूपी पंचायत चुनाव के वोट गिनात बा आजु

चार दौर में करावल गइल क्षेत्र आ जिला पंचायत चुनाव के वोट आजु गिनात बा. एह गिनिती का बाद 9122 उम्मीदवार के किस्मत के फैसला होखे वाला बा आ 1522 लोग के विजय हासिल होखी. वोट गिने का जगहा पर सुरक्षा के कड़ा इंतजाम करावल गइल बा. आजु साँझ ले सगरी रीजल्ट आ जाए के … Read more

 249 total views

यूपी मंत्रीमंडल विस्तार में गाजीपुर से फातिमा आ जौनपुर से ललई

यूपी के अखिलेश सरकार के पहिलका बड़का विस्तार में काल्हु शनिचर का दिने राजभवन के गाँधी सभागार में एक दर्जन नया मंत्रियन के किरिया धरावल गइल. एही मौका पर नौ गो मंत्रियन के प्रमोशनो मिल गइल. एह एकइस मंत्रियन में से पाँच जने के कैबिनेट मंत्री, 8 जने के राज्यमंत्री स्वतंत्र प्रभार आ 8 जने … Read more

 297 total views

आजु बिहार चुनाव के चउथा दौर के वोटिंग जारी

सात जिला के पचपन सीट में से 42 पर लड़त भाजपा आ 26 गो पर लड़त राजद एह दौर के मोदी बनाम लालू बना दिहले बावे. पूरा चुनाव भलही नीतीश बनाम मोदी के होखो. एह दौर में भाजपा नीत राजग के कोशिश बा कि निर्णायक बढ़त ले लेव जबकी अपना वजूद के लड़ाई लड़त लालू … Read more

 382 total views,  5 views today

अभय राय के हत्या के गुत्थी पुलिस सझुरा लिहलसि

सीतलपुर बाजार के युवा नेता अभय राय के हत्या के गुत्थी पुलिस सझुरा लिहलसि कुछ दिन पहिले दिघवारा में भइल अभय राय के हत्या के मामिला सझुरावत पुलिस पाँच गो आरोपियन के गिरफ्तार कर लिहले बिया. हत्या के हथियार, अभय राय के मोबाइल, कपड़ा वगैरहो बरामद हो गइल बा. पुलिस अब धराइल आरोपियन से पूछताछ … Read more

 336 total views

छपरा में सड़क हादसा में दू जने के मौत

काल्हु शनिचर के दुपहरिया छपरा भगवान बाजार इलाका के गुदरी मेन रोड पर एगो बेकाबू ट्रक एगो मोटरसाइकिल सवार के कचार दिहलसि जवना से ओकर मौत ओहिजे हो गइल. मरे वाला आदमी नैनी गांव के रहुवे. हादसा का बाद ट्रक ड्राइवर गाड़ी ले के भाग निकलल. बाद में खिसियाइल लोग रास्ता से गुजरत दर्जनो ट्रक … Read more

 359 total views

शनिचर अधरतिया से पेट्रोल 50 पइसा सस्ता बाकिर डीजल जस के तस

काल्हु अधरतिया से तेल कंपनी पेट्रोल के दाम में पचास पइसा हर लीटर पर कमी क दिहले बाड़ी सँ बाकिर डीजल के दाम में कवनो कमी नइखे कइल गइल. दुनिया के बाजार में आवत कच्चा तेल के दाम में गिरावट का चलते एक कटौती के गुंजाइश बन गइल रहे. पेट्रोलियम कंपनी सभ हर पन्दरहिया कच्चा … Read more

 269 total views

इस्लामी आतंकी रुस के हवाई जहाज गिरावे के दावा कइले

इस्लामिक स्टेट नाम के इस्लामी आतंकी संगठन काल्हु दावा कइलसि कि मिस्र के पहाड़ियन में हादसा के शिकार बतावल जात रुसी विमान के ऊहे मार गिरवलसि. ई विमान शर्म अल शेख से सेंट पीटर्सबर्ग खातिर शनिचर के भोर में उड़ान भरलसि आ बीच रास्ता में सिनाई प्रायदाप में एकर मलबा मिलल. एह इलाका में इस्लामिक … Read more

 237 total views

लौहपुरुष पटेल के जयन्ती पर ‘एक भारत, श्रेष्ठ भारत’ के एलान

सरदार वल्लभ भाई पटेल के जयन्ती पर काल्हु 31 अक्टूबर, शनिचर का दिने प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी एगो ‘रन फॉर यूनिटी’ के झंडी देखाके रवाना कइलें. ई रन छह गो राज्य से गुजरी आ एक दोसरा के विविधता से परिचित होखी. एह मौका पर अपना भाषण में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कहलन कि देश के एकता हमनी … Read more

 245 total views