web analytics

लौंडेबाजन आ मउगन के तरफदारी कइलन अरुण जेटली

देश के लाखों मउगन आ लौंडेबाजन के तरफदारी करत देश के वित्त मंत्री अरुण जेटली सुप्रीम कोर्ट से फैसला पर फेरु से नजर डाले के राय दिहलन। कहलन कि एह बारे में हाई कोर्ट वाला फैसला सही रहुवे। कहलन कि ऊ हमेशा से एकर तरफदारी करत आइल बाड़न आ मानतारें कि दैर सबेर एह फैसला … Read more

 300 total views

राजगीर के पहाड़ियन पर रसरी राह

काल्हु शनिचर का दिने बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार राजगीर के जिला मैदान में रंगारंग राजगीर महोत्सव के उद्घाटन करत कहलन कि राजगीर में अंतर्राष्ट्रीय स्टेडियम, स्पोर्ट्स काम्प्लेक्स आ एगो फिल्म सिटी बनावल जाई. विदेश से आवे वाला घुमन्तुअन ला एगो स्टेट गेस्ट हाउसो बनावे के सोचल जात बा. कहलन कि बिहार में पर्यटन के … Read more

 244 total views

गोपालगंज में सड़क हादसा में दू जने के मौत

गोपालगंज जिला के कुचायकोट बघउच रोड पर उचकागांव का नियरा शनिचर का सबेरे एगो बाइक के टक्कर जेसीबी से हो गइल जवना चलते बाइक सवार नवही के मौत ठांवे पर हो गइल. पीछे बइठल एगो छोट बच्चा बहुते घवाहिल हाल मरं कुचायकोट पीएचसी चहुँपावल गइल बाकिर ओकरो मौत इलाज का दौरान हो गइल. गाँव वालन … Read more

 359 total views

लखनऊ जइसन साइकिल ट्रैक अब पटनो का बेली रोड पर

बिहार सरकार पटना के बेली रोड पर ‘साइकिलिंग ट्रैक’ आ नगर निगम का भीतर के सगरी सड़कन पर फुटपाथ बनावे के योजना पर सोचत बिया. पटना के सुन्दर बनावहु के प्लान बा. लखनऊ के साइकिल ट्रैक सड़क का बीच में बा जबकि पटना के साइकिल ट्रैक सड़क का दुनू ओर बनावल जाई. अगर बेली रोड … Read more

 272 total views

छपरा में होखे वाला बा 42वां जूनियर नेशनल वालीबाल प्रतियोगिता

बहुते खुशी के बात बा कि बिहार में पहिलका बेर होखे जात वालीबाल के राष्ट्रीय स्तर के प्रतियोगिता के आयोजन सारण जिला में होखे जात बा. छपरा के लोग एह बात पर आपन माथ ऊंच क सकेला. छपरा के राजेंद्र स्टेडियम में 8 से 13 दिसंबर ले 42 वां जूनियर नेशनल वालीबाल प्रतियोगिता होखे जात … Read more

 221 total views

जल्दिए कमेंट्री करत नजर अइहें वीरेन्द्र सहवाग

बीसीसीआई टीम के धमाकेदार सलामी बल्लेबाज रहल वीरेंद्र सहवाग जल्दिए क्रिकेट कमंटेटर के रूप में सामने आवे वाला बाड़न. उमेद कइल जात बा कि अगर भारत-पाकिस्तान के बीच श्रीलंका में हो सकेवाला क्रिकेट सीरीज शुरू भइल त एकरे से उनकर शुरुआत हो जाव. उनुका के कमेंटेटर बनावे के प्रस्ताव टेन स्पोर्ट्स समेत अउरिओ चैनलन से … Read more

 250 total views

यूपी के सिपाही बहाली में अब लिखित परीक्षा ना होखी

लिखित परीक्षा में अपना मन मर्जी के प्रतिभागियन के बहाल करावे में आवत दिक्कत देखत यूपी सरकार अब फैसला कइले बिया कि एह बहाली ला लिखित परीक्षा ना लीहल जाई. मैट्रिक आ इंटर के नंबर का आधार पर चुनल गइल लोग के शारीरिक टेस्ट लीहल जाई आ ओकरे आधार पर बहाली होखी. जान जाईं कि … Read more

 244 total views,  5 views today

कोइलवर बाजार में एगो ट्रैक्टर चालक के पीट पीट के मुआवल गइल

भोजपुर जिला के कोइलवर बाजार में शनिचर का भोरे एगो महादलित टैक्टर चालक के पीट पीट के मुआ दीहल गइल आ बाद में ओकर लाश ट्रैक्टर से लाद के ओकरा घर का दरवाजा पर फेंक के भाग गइलें अपराधी. घटना के बाद खिसियाइल लोग ट्रैक्टर मालिक के बेटा के बंधक बना लिहलें आ ओकरा से … Read more

 307 total views,  5 views today

गाजीपुर में ट्रक आ ट्रेन के टक्कर

गाजीपुर जिला में सहेड़ी क्रासिंग पर काल्हु एगो ट्रक शनिचर का भोर में स्वतंत्रता सेनानी से टकरा गइल. एह हादसा में ट्रक नेस्तनाबूद हो गइल. बतावल जात बा कि गिट्टी लदले इ ट्रक तेज रफ्तार से आके रेल फाटक के तूड़त लाईन पर आ गइल. लाईन पर रेल गाड़ी आवत देख ड्राइवर आ खलासी कूद … Read more

 267 total views

बीएचयू में दू गो नया संस्थान आ एगो संकाय

स्थापन के सौ साल मनावत बीएचयू में विज्ञान आ प्रबंधशास्त्र संकायन के संस्थान के दरजा मिल गइल बा आ पशुपालन संकाय नया खोलल गइल बा. काल्हु कुलपति प्रो॰ गिरीश चन्द्र त्रिपाठी एह बात के जानकारी खेल मनोविज्ञान कांफ्रेंस के उद्घाटन समारोह में दिहलन. कहलन कि अब बीएचयू में छह गो संस्थान हो जाई आ पशुपालन … Read more

 267 total views

यूपी पंचायत चुनाव में चार जने के जान गइल

काल्हु शनिचर का दिने यूपी के पंचायत चुनाव के पहिला दौर में 221 प्रखंडन में मतदान करावल गइल. छिटपुट मारपीट आ हिंसा के माहौल में 75 फीसदी मतदान होखे के खबर बा. करीब एक दर्जन जिलन में हिंसा होखे के खबर बा. आगरा आ एटा जिला में एह हिंसा में एक एक आदमी आ मैनपुरी … Read more

 396 total views

नेपाल के मधेसी आन्दोलन के खिलाफ बवाल करे लगलन माओवादी

नेपाल के नयका संविधान से शिकायत राखे वाला मधेसियन के आन्दोलन के कचारे खातिर नेपाल सरकार का साथही अब सत्ताधारी माओवादी बवाल पर उतर गइल बाड़ें. काल्हु भारतीय दूतावास के एगो कार के जरा दीहल गइल. हालांकि दूतावास एह खबर के खंडन करते कहले बावे कि ओकर कवनो गाड़ी नइखे जरावल गइल. अब मधेसी आन्दोलन … Read more

 346 total views

शशि शेखर चाहत बाड़न कि सरकार सोशल मीडिया पर अंकुसा लगावे

दैनिक हिन्दुस्तान के संपादक शशि शेखर आजु अपना सम्पादकीय लेख में सरकार से आशा जतवले बाड़न कि सरकार सोशल मीडिया पर जल्दिए अंकुसा लगा दी. लिखले बाड़न कि इन्टरनेट के सुविधा का चलते अब बहुते आसानी से केहू पर करीखा पोतल जा सकेला. कई बेर त ई काम बाकायदा योजना बना के कइल जात बा … Read more

 360 total views,  5 views today

सोनिया मनमोहन से चाय पर चर्चा कइलन पीएम मोदी

शुक के साँझ पीएम मोदी जीएसटी बिल पर चर्चा करे ला पिछला सरकार में प्रधानमंत्री रहल मनमोहन सिंह आ कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गाँधी के चाय पर चरचा करे ला बोलवलन. एह चरचा का बादो कांग्रेस अपना जिद पर अड़ल बिया कि ओकर बात मान लीहल जाई तबे ऊ बिल के समर्थन करी. सरकार का तरफ … Read more

 277 total views

पखवारा बाद बोलावल गइल दिवाली मिलन समारोह

काल्हु दिल्ली में भाजपा कार्यालय में दिवाली मिलन समारोह बोलावल गइल रहुवे आ पत्रकार बड़हन संख्या में एह कार्यक्रम में शामिल भइलें. बात बेबात मोदी के खिंचाई करे वाला मीडिया समूह एह मौका पर पीएम का संगे सेल्फी खिंचवावे ला धक्का मुक्की करत भीड़ लगा दिहलन. पत्रकारन के एह व्यवहार के कुछ पत्रकार आलोचना कइले … Read more

 242 total views

मंत्री से अझुराए वाला आईपीएस अधिकारी के तबादला

हरियाणा सरकार के स्वास्थ्य मंत्री अनिल विज से एगो महिला आईपीएस अधिकारी तब अझुरा गइली जब उनुका से पूछल गइल कि उनका जिला में गैरकानूनी शराब के धंधा काहे आ कइसे चलत बा. अधिकारी शिकायत करे वाला से पूछे लगली कि उनुका से कब शिकायत कइलन त शिकायत करे वाला के जवाब रहे कि थाना … Read more

 231 total views

देश दुनिया : काल्हु से आजु ले (मंगल 24/11)

बालीवुड कलाकार आमिर खान के देश में रहल खतरनाक बतावे वाला टिप्पणी पर भाजपा उनकर आलोचना करत बिया त कांग्रेसी आ दोसर सेकूलर जमात आमिर के पीट थपथपावत बाड़ें. भाजपा के कहना बा कि विपक्ष देश के बदनाम करे में लागल बा जेहसे दुनिया में भारत के छवि खराब बन जाव. मध्यप्रदेश के रायपुर में … Read more

 233 total views

दस लाख के इनामी आजमगढ़िया आतंकी मारल गइल

इस्लामिक स्टेट में आतंकी बने जाए खातिर भारतो से करीब दू दर्जन नवही सीरिया भा इराक जा चुकल बाड़न आ ओहमें से नाहियो त छह जने के जान जा चुकल बा. इस्लामिक स्टेट वाले हिन्दुस्तानी आतंकियन के कुकुरो बराबर ना मानसु आ घटिया काम करे पर मजबूर कइल जाला एहनी के. आ कई बेर त … Read more

 428 total views

थानाध्यक्ष के जान से मारे के धमकी दिहलन बड़हरा के राजद विधायक

भोजपुर जिला के बड़हरा से राजद विधायक सरोज यादव सोमार का दिने चरपोखरी थानाध्यक्ष कुंवर गुप्ता के फोन पर धमकी दिहलन कि थाना में घुस के जान से मार दीहें उनुका के. एकरा बाद थानाध्यक्ष के बयान पर विधायक सरोज यादव का खिलाफ एफआइआर लिखावल गइल बा. बतावल जात बा कि एगो हत्या के मामला … Read more

 255 total views

लालू हमरा के जबरदस्ती खींच के अँकवारी बान्ह लिहले रहले

लालू प्रसाद से गर मिलल केजरीवाल के गर में अटक गइल बा. अपना गोल के लोग के समुझावे ला काल्हु केजरीवाल कहलन कि हम का करतीं, लालू हमरा के जबरदस्ती खींच के अँकवारी बान्ह लिहलें आ हमार हाथ ले के उठा लिहलन. एह बयान का बाद केजरीवाल के जम के खिंचाई होखत बा सोशल मीडिया … Read more

 335 total views