web analytics

बिहार में मोदी के हार के 10 गो कारण

1. शायद संघ के मनसा इहे रहुवे ना त ऐन चुनाव का टाइप पर आरक्षण के दुबारा देखे के तान छेड़े के कवनो जरूरत ना रहुवे. 2. भाजपा के भितरघाती पूरा ताकत लगा दीहलें. 3. मीडिया सरकार के खिलाफ विरोधी गोल में शामिल हो गइल आ पत्रकारिता के मापदंड के खुला रूप से लँघलसि. ओकरा … Read more

Loading

बिहार विधानसभा चुनाव 2015 के घोषित पूरा परिणाम

क्षेत्र क्रमांक जीतेवाला जीतल दल हारे वाला हारल दल फरक वोट अगिआँव (अ.जा. )195 प्रभुनाथ प्रसाद (जदयू ) शिवेश कुमार (भाजपा ) 14704 अतरी 233 कुंती देवी (राजद ) अरविंद कुमार सिंह (लोजपा ) 13817 अमनौर 120 शत्रुधन तिवारी (भाजपा ) कृष्ण कुमार मंटू (जदयू ) 5251 अमरपुर 159 जनार्दन मांझी (जदयू ) मृणाल शेखर … Read more

Loading

मंहगाई के आग पर पेट्रोल के छींटा

काल्हु बहुते कुछ एलान केन्द्र सरकार का तरफ से भइल जवना से देश में महँगाई बढ़े के अनेसा हो जाई. आ एह आग पर अब पेट्रोल आ डीजलो के छींटा मार दीहल गइल बा. शुक अधरतिया से पेट्रोल पर 1.60 रुपिया आ डीजल पर 40 पइसा के उत्पाद कर बढ़ा के केन्द्र सरकार अपना खजाना … Read more

Loading

आम आदमी के चोट पर चोट पड़े वाला बा

आजु एके साथे अतना एलान आ खबर सुनाई दिहलसि आ सभकर असर आम आदमी के जेब पर पड़े वाला बा. सेवा कर में 15 नवम्बर से आधा फीसदी सेस लगा दीहल जाई स्वच्छ भारत अभियान खातिर पइसा बटोरे ला. एह बढ़ोतरी से हर सेवा महंग हो जाई. सरकार केन्द्रीय बजट में एकर इन्तजाम पहिलहीं कर … Read more

Loading

दु गो अउर एक्जिट पोल भाजपा के जीत बतवले

शुक का दिने आईबीटीएल आ एनडीटीवी-हंसा रिसर्च के एक्जिट पोल सामने आइल आ दुनू में बिहार विधानसभा में भाजपा वाला गठबन्हन के जीत देखावल गइल बा. एनडीटीवी-हंसा के पोल में भाजपा प्लस के 120 से 130 सीट आ महागठबन्हन के 105 से 115 ले सीट मिल सकेला.

Loading

दिवाली से पहले लागू होखी ‘वन रैंक वन पेंशन’ : कहलन पर्रिकर

सेना के रिटायर जवानन के पदक लवटावे से पहिलहीं रक्षा मंत्री मनोहर पर्रिकर बता दिहलन कि दिवाली से पहिलहीं एकर एलान क दीहल जाई. बिहार चुनाव का चलते एह एलान में देरी होखल बतवलन देश के रक्षामंत्री मनोहर पर्रिकर.

Loading

गाजीपुर में होखे वाला सेना बहाली के पंजीयन 7 नवंबर से शुरु

अगिला साल 6 जनवरी का दिन से छह गो पूरबी जिलन के नवही सेना बहाली खातिर गाजीपुर में होखे वाला बहाली रैली में शामिल हो सकीहें. एह खातिर पंजीयन शनिचर 7 तारीख से शुरु होखे जा रहल बा आ लोग आनलाइन पंजीयन करा लेव. बहाली रैली 6 जनवरी से शुरु हो के 17 जनवरी ले … Read more

Loading

यूपी पंचायत चुनाव के अधिसूचना शनिचर 7 नवंबर का दिने

यूपी के ग्राम प्रधान आ ग्राम पंचायत सदस्य पद खातिर होखे वाला चुनाव के अधिसूचना शनिचर 7 तारीख के होखे वाला बा. राज्य निर्वाचन आयुक्त सतीश कुमार अग्रवाल आजु लखनऊ में बतवलन कि चुनाव चार दौर में करावल जाई आ 59162 ग्राम प्रधान आ सात लाख से अधिका ग्राम पंचायत सदस्यन के चुनाव कइल जाई. … Read more

Loading

असम के 9 गो कांग्रेसी विधायक भाजपा में शामिल

बिहार के चुनाव परिणाम आवे से पहिलहीं कांग्रेस में भगदड़ शुरु हो गइल बा आ आजु शुक का दिने असम में कांग्रेस के 9 गो विधायक बाकायदा भाजपा में शामिल हो गइलन. जान जाईं कि बिहार के चुनाव का बाद अगिला साल बंगाल, असम आ केरल के चुनाव होखे वाला बा. 126 सदस्य वाली विधानसभा … Read more

Loading

सुप्रीम कोर्ट से देशद्रोह के आरोपी हार्दिक पटेल के राहत ना मिलल

कपिल सिब्बल जइसन वकील रखला का बावजूद हार्दिक पटेल के सुप्रीम कोर्ट से कवनो तरह के राहत ना मिल सकल. हार्दिक पर देशद्रोह के आरोप बा आ ऊ चाहत रहलन कि उनुका पर से देशद्रोह के आरोप हटा लीहल जाव. अदालत कहलसि कि जबले पुलिस आपन जाँच पूरा नईखे कर लेत तबले एह मामिला में … Read more

Loading

सरकार के नीति मीडिया के सुर्खी बटोरे ला ना होखे

पीएम मोदी शुक का दिने दिल्ली आर्थिक सम्मेलन के उद्घाटन करत कहलन कि उनकर सरकार बनला का बाद से भारत के अर्थव्‍यवस्‍था बेहतर तरीका से काम करत बिया आ एकर संकेत सगरी बड़का आर्थिक संकेतक से मिलत बा. कहलन कि सकल घरेलू उत्पाद बढ़ल बा आ महँगाई काबू में बिया. कहलन कि सरकार के नीतियन … Read more

Loading

छोटा राजन खुदही गिरफ्तार होखे आइल रहुवे इण्डोनेशिया

देश के खुफिया एजेंसियन के कहना बा कि माफिया डाॅन छोटा राजन खुद आपन योजना बना के गिरफ्तारी देबे ला इंडोनेशिया चहुँपल रहुवे काहे कि एहिजा से भारत भेजल आसान होला. भारत अइला का बाद छोटा राजन मुंबई पुलिस के ओह अधिकारियन के नाम बता दिहलसि जे दाऊद इब्राहिम के गैंग से मिलल बा आ … Read more

Loading

खेल समाचार : मोहाली क्रिकेट मैच के दुसरका दिने मैच भारत के पकड़ में लउकल

मोहाली में होखत दक्खिन अफ्रीका आ भारत के टेस्ट मैच के दुसरका दिने दक्खिन अफ्रीका के टीम महज 184 रन बना के आउट हो गइल आ भारत के पहिला पारी का आधार पर 17 रन के लीड मिल गइल. ओकरा बाद दुसरका पारी खेले उतरल भारत दू विकेट गंवा के 125 रन बना लिहले रहुवे. … Read more

Loading

रुपिया पइसा : शेयर बाजार के भरोसा शुको का दिने ना लवटल

बिहार चुनाव के एक्जिट पोल से मिलल संकेत का बावजूद शेयर बाजार आजुओ सहमल रहल आ सेंसेक्स 39 अंक आ निफ्टी 1 अंक के मामूली गिरावट का साथे बन्द भइल. डालर का मुकाबले रुपिया में आज एक पइसा के मामूली गिरावट आइल बाकिर सोना के दाम आज 80 रुपिया हर दस ग्राम पर बढ़ गइल.

Loading

कुटाई का डर से नवाज शरीफ शराफत पर उतरलें

पाकिस्तान के प्रधानमंत्री नवाज शरीफ काल्हु राष्ट्रपति से बातचीत का दौरान कहलन कि भारत से युद्ध कइल कवनो विकल्प नइखे काहे कि एकरा से हालात अउर बदतर हो जाई. कहलन कि दुनू देश के मिल बइठ के आपन विवाद सलटवला के जरूरत बा.

Loading

पहिला टेस्ट में भारत के खराब शुुरुआत

भारत अउर दक्खिन अफ्रीका के बीच चार गो क्रिकेट टेस्ट मैचन के सीरीज के पहिलका मैच आजु बियफे का दिने मोहाली में शुरू भइल. पहिलके दिने भारत के सगरी टीम 201 रन बनावत बनावत आउट हो गइल. बाद में खेले उतरल दक्खिन अफ्रिको के टीम दू विकेट गँवा दिहलसि. खेल खतम होखे के बेरा ऊ … Read more

Loading

शेयर बाजार में बड़हन गिरावट

देश के शेयर बाजार में आजुओ गिरावट के रुख बनल रह गइल आ सेंसेक्स 249 टूट के बंद भइल. निफ्टीओ में 85 अंक के गिरावट आइल. डालर के मुकाबले रुपिया 26 पइसा कमजोर हो गइल. सोना के दाम 180 रुपिया गिरल त चांदी के दाम 320 रुपिया.

Loading

छोटा राजन के भारत ले आवल जा रहल बा

बियफे का दिने बाली हवाई अड्डा खुलते माफिया डॉन छोटा राजन के भारत रवाना क दीहल गइल बा. ऊ काल्हु सबेरे एगो स्पेशल जहाज से दिल्ली ले आवल जाई आ कुछ दिन सीबीआई के हिरासत में दिल्लीए में रखला का बाद ओकरा के मुंबई के जेल में भेजे के बात होखत बा. एह बीच छोटा … Read more

Loading

सोना के सिक्का जारी कइलन पीएम मोदी

बियफे का दिने पीएम मोदी सोना से जुड़ल तीन गो नया योजना के शुुरूआत कइलन. सरकार चाहत बिया कि घर का भीतर राखल सोना के बाहर निकाल के उद्यम में लगावल जाव. अंदाजा बा कि देश में नाहियो त बीस हजार टन सोना आम आदमी के घर में राखल बा. एगो योजना में एह सोना … Read more

Loading

यूपी के सरकारी कर्मचारियन के बोनस के एलान

यूपी के सरकारी कर्मचारियन के एह साल साढ़े तीन हजार रूपिया बोनस दीहल जाई. पिछला साल तीन हजार रुपिया दीहल गइल रहुवे. बाकिर पूरा बोनस ओह लोग के हाथे ना लागी. आधा बोनस ओह लोग के भविष्य निधि खाता में जमा क दीहल जाई. राज्य के करीब 14 लाख कर्मचारियन के एकर फायदा मिले वाला … Read more

Loading