web analytics

बिहार चुनाव के एक्जिट पोलो में भरम बरकरार रह गइल

आजु बिहार विधानसभा चुनाव के पाँचवा आखिरी दौर के वोटिंग में रिकार्ड 60 फीसदी वोट पड़ला का बाद टीवी चैनलन पर अलग अलग एजेन्सियन के कइल एक्जिट पोल देखावल गइल. केहु एनडीए के बहुमत देत बा त केहू महागठबन्हन के आ बाकी लोग कांटा के टक्कर बतावत बा. दुनू गोल के लोग आपन आपन जीत … Read more

 340 total views

बिना अनुमति चुनाव प्रचार वाला विज्ञापन छपवावे पर रोक

बिहार विधानसभा चुनाव के पांचवा आ आखिरी दौर के चुनाव काल्हु होखे जा रहल बा. एह मौका पर बिहार के कवनो अखबार में कवनो गोल के विज्ञापन चुनाव आयोग के अनुमति का बिना छपवावे पर रोक लगा दीहल गइल बा. आज दरभंगा के अखबारन में भाजपा के विज्ञापन में एगो औरत के गाय संगे फोटो … Read more

 380 total views

खेल समाचार : भारत अउर दक्खिन अफ्रीका पहिलका टैस्‍ट

लिएंडर पेस आ स्पेन के रफेल नडाल के जोड़ी पेरिस मास्टर्स में पुरूष डबल्‍स वर्ग के पहिलके दौर में सीधे सेटन में हार के बाहर हो गइल बावे. एह जोड़ी के हरावे वाला रहल ब्रिटेन के डोमिनिक इंगलोट आ स्वीडन के राबर्ट लिंडस्टेट के जोड़ी. भारत अउर दक्खिन अफ्रीका के बीच चार गो क्रिकेट टैस्‍ट … Read more

 497 total views

मीडिया के गलतबयानी पर नाराजगी जतवलसि केन्द्र सरकार

हालही में एगो जूनियर अर्थशास्त्री के निजी राय के मूडीज एनालिसिस के रपट बतावत एहिजा के देश विरोधी आ मोदी विरोधी मीडिया वाले पेश कइले रहलन. एह पर नाराजगी जतावल केन्द्र सरकार के सूचना अउर प्रसारण मंत्रालय वक्‍तव्‍य जारी कइले बिया. अफसोस एह बात के बा एह तरह के आजादी के नाजायज करे वाला ईहे … Read more

 349 total views

न्‍यायमूर्ति टी एस ठाकुर देश के नयका प्रधान न्‍यायाधीश

न्‍यायमूर्ति टी एस ठाकुर सुप्रीम कोर्ट के नयका प्रधान न्‍यायाधीश बनावल जइहें. मौजूदा प्रधान न्‍यायाधीश एच एल दत्‍तू 2 दिसंबर का दिने रिटायर होखे जात बाड़न आ उहे अपना उत्‍तराधिकारी के रूप में वरिष्‍ठ न्‍यायाधीश न्‍यायमूर्ति टी एस ठाकुर के नाम के सिफारिश कइले बाड़न. न्‍यायमूर्ति टी एस ठाकुर 2009 में उच्‍चतम न्‍यायालय के न्‍यायाधीश … Read more

 363 total views

मालदीव में इमरजेन्सी लगावल गइल

मालदीव में गैरकानूनी हथियार आ विस्फोटक बरामद भइला का बाद ओहिजा के सरकार राष्‍ट्रीय सुरक्षा पर खतरा बताात मालदीव में तीस दिन ला इमरजेन्सी लगावे के एलान कइले बिया. मालदीव के अटॉर्नी जनरल मोहम्‍मद अनिल बतवलन कि राष्ट्रीय सुरक्षा परिषद के सलाह पर राष्‍ट्रपति अब्‍दुल्‍ला यामिन एह आदेश के जारी कइलन. विपक्षी पार्टी, मालदीव डेमोक्रेटिक … Read more

 297 total views

वित्त समाचार : गिरावट के दौर जारी

शेयर बाजार में गिरावट के दौर जारी राखत बॉम्‍बे स्‍टॉक एक्‍सचेंज के सेंसेक्‍स 38 अंक घटके आ नेशनल स्‍टॉक एक्‍सचेंज के निफ्टी 21 अंक कम होके बंद भइल. मुद्रा बाजार में डॉलर के मुकाबले रूपिया 15 पइसा मजबूत भइल आ 65.49 रूपिया हो गइल. दिल्‍ली सर्राफा बाजार में सोना के दाम लगातार छठवां दिने कम … Read more

 531 total views

अपना आखिरी रैली में पीएम मोदी आरक्षण के बैलून पचका गइलन

दरभंगा में अपना आखिरी चुनाव सभा में पीएम मोदी लालू-नीतीश के आरक्षण के गुब्बारा पचकावत कह गइलन कि अब एह लोग में मुख्यमंत्री के कुर्सी का जगहा नेता विपक्ष के कुर्सी खातिर विवाद चलत बा. बतावल जात बा कि लालू के कहना बा कि नीतीश के नाम मुख्यमंत्री खातिर मनले रहलन, अगर सरकार बने के … Read more

 345 total views

माई के माँस खाइल कबो जायज ना हो सके

सपा मुखिया मुलायम सिंह के छोटकी पतोहु अपर्णा यादव एगो ट्वीट क के कहले बाड़ी कि गाय हमनी के माई जइसन हई आ माई के मांस खाइल कवनो तरह से जायज ना कहल जा सके. अपर्णा यादव लिखले बाड़ी कि उनकर मकसद कवनो मजहब पर कमेंट ना हो के आपन भावना जतावे के बा. गरीबन … Read more

 371 total views

केजरीवाल आ अखिलेश के सपना चूर

पाकिस्तानी गजल गायक गुलाम अली अब आपन भारत यात्रा रद्द क दिहले बाड़न. उनुको एहिजा के ‘असहिष्णुता’ वाला कीड़ा काट लिहले बा आ कहले बाड़न कि जबले हिन्दुस्तान में हालात सुधर नइखे जात तबले एहिजा कवनो कार्यक्रम ना करीहें. गुलाम अली के एह फैसला से दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविन्द केजरीवाल आ यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश … Read more

 384 total views

मिर्जापुर के स्कूल में बिजली के तार गिरला से एक दर्जन बच्चा झउँस गइले.

मिर्जापुर जिला के मडिहान इलाका के कुबरी पटरा गांव के प्राइमरी स्कूल में काल्हु मंगल का दिने बिजली के तार गिर पड़ला का बाद करंट से एक दर्जन बच्चा झउँस गइल बाड़े. एह में चार गो के हालत खराब रहे के खबर बा.  336 total views

 336 total views

इलाहाबाद से छोटा राजन गिरोह के तीन गो शूटर गिरफ्तार

यूपी पुलिस इलाहाबाद में रहे वाला तीन गो शूटरन के गिरफ्तार कर लिहले बिया. तीनो सकार लिहले बाड़न सँ कि ऊ छोटा राजन गिरोह ला काम करत रहलें. एकनी का लगे से कुछ असलहो बरामद भइल बा. छोटा राजन के कुछ दिन पहिले इण्डोनेशिया के बाली में गिरफ्तार कर लिहल गइल रहे आ काल्हु मंगल … Read more

 330 total views

यूपी बोर्ड परीक्षा फरवरी में होखे के उमेद

उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा परिषद साल 2016 के हाईस्कूल अउर इंटरमीडिएट परीक्षा फरवरी महीना के शुरू में करावे के तइयारी में बावे. एह साल लेखा अगिलो साल पूरा परीक्षा चालीस दिन में करा लीहल जाई. परीक्षा के तारीख का बारे में एक दू दिन में फैसला होखे के संभावना बा.  282 total views

 282 total views

यूपी में सरकारी भुगतान ई पेमेंट से करे के आदेश

यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आदेश जारी कइले बाड़न कि सरकारी लेन-देन के कागज रहित बनावल जाव आ जवन विभाग अबहियों चेक से भुगतान करत बाड़े से जल्दी से जल्दी ईपेमेंट करे के व्यवस्था बना लेसु. वित्त विभाग एह दिसाईं काम कइल शुरु क दिहले बावे.  185 total views

 185 total views

भाई जी भोजपुरिया के निधन

चालीसो बरीस से अधिका से भोजपुरी के बढ़ावे में लागल भाईजी भोजपुरिया के असल नाम बैद्यनाथ तिवारी (बीएन तिवारी) रहुवे बाकिर भोजपुरी दुनिया उनुका के भाईएजी के नाम से जानत रहुवे. भोजपुरी के एह समर्पित पुरोधा के काल्हु रात सूतला में चिर निद्रा आ गइल आ आजु भोजपुरी जगत उनका संरक्षण से महरूम हो गइल. … Read more

 140 total views,  2 views today

आखिरी दौर के माहौल बना गइलन पीएम मोदी

काल्हु मंगल का दिने बिहार में पाँचवा आ आखिरी दौर के चुनाव खातिर तीन गो सभा क के पीएम मोदी माहौल बना गइलन. पूछलन कि चुनाव का बाद विपक्ष के नेता केकरा के बनइहें लालू. पीएम मोदी के कहना रहुवे कि मुख्यमंत्री पद खातिर त नीतीश के नाम तय क दिहले बाड़े बाकिर जवन तय … Read more

 359 total views

पाँचवा आ आखिरी दौर में कवना बात पर टिकल बा चुनाव

कोसी के करीब सगरी सीट से पप्पू यादव आपन उमेदवार उतरले बाड़ें आ हर उमेदवार के जाति उहे ह जवन महागठबन्हन वाला के. कुछेक जगहा उमेदवार का बदला महागठबन्हन के वोटबैंक पर धेयान दीहल गइल बा. दोसरका असर रही ओवैसी के जे सीमांचल में कुछ सीट पर आपन उमीदवार दे के महागठबन्हन के वोट बैंक … Read more

 298 total views

नब्बे चूहा खा के बिलाई तीरथ करे निकलल

अपना एगो नेता, इन्दिरा गाँधी, के खून का बदले सिक्ख नरसंहार करे वाली कांग्रेस अब कांग्रेस सहनशील बने के सीख दीहल शुरु कइले बिया. कांग्रेसी आजु अपना मलिकार महतारी बेटा – सोनिया गांधी अउर राहुल गांधी – के अगुआई में दिल्ली में मार्च करे वाली बिया. ओकर कहना बा कि देश में सहनशीलता खतम होखे … Read more

 340 total views

शिवसेना के रूख में नरमी लउकल

महाराष्ट्र के कुछ निकाय चुनावन का बाद श‍िवसेना भाजपा का प्रति अपना रूख में नरमी देखावल अपना मुखपत्र सामना में कहले बावे कि चुनाव का दौरान बहुते कुछ कहल जाला जवना के चुनाव बाद भुला दीहल चाहीं. एह चुनावन में भाजपा आ शिवसेना अलगा अलगा लड़ल रहली सँ तबहियों दुनू के मिला के देखल जाव … Read more

 400 total views

छोटा राजन के गिरफ्तारी से दहशत में आइल पाकिस्तान

हाल ही में भारत के दबाव का चलते इण्डोनेशिया में डाॅन छोटा राजन के धरइला का बाद से पाकिस्तान दहशत में आ गइल बा. पाकिस्तान में बसेरा बनवले दाऊद के सुरक्षा कड़ा कर दीहल गइल बा आ ओकरा पर कई तरह के रोक लगा दीहल गइल बा जेहसे कि ओकर सुराग भारतीय एजेन्सियन के मत … Read more

 330 total views