Archives for December 2015
गोपालगंज के बरौली में पिछला तीस अगस्ता का दिने भइल वकील त्रिपुरारी शरण शर्मा के हत्या का मामिला में फरार चलत जय प्रकाश का घरे अतवार का दिने पुलिस कुर्की जब्ती करे चहुँपल आ कुर्की कइलसि. एह मामिला में हजियापुर के जितेंद्र सिंह आ भोजपुरवां गांव के शक्ति सिंह के पहिलही गिरफ्तार क लीहल गइल
बिहार विद्यालय परीक्षा समिति अगिला साल से इंटर के सीट में अढाई लाख के इजाफा करे जात बिया एकरा खातिर बोर्ड एक सौ से अधिका नया स्कूल काॅलेजन के मान्यता दे दिहले बिया. बोर्ड के कहना बा कि बढ़त आबादी का साथे सीट आ स्कूल काॅलेजन के संख्या बढ़ावल जरूरी हो गइल बा. इंटर में
रोहतास जिला के संझौली इलाका के खेतलपुर गाँव में शनिचर का दिने इज्जत का नाम पर दू गो भाई अपना बहिन के छूरा घोंप के आ गोली मार के खून क दिहलें. ओकरा बाद अपना चाचा आ चाचीओ के जान ले लिहलें. हत्या कइला का बाद दुनू भाई फरार हो गइल बाड़न सँ. पुलिस मौकाए
मिर्जापुर जिला में जीवन बीमा निगम के रामबाग शाखा के मैनेजर कमलाकर पाण्डेय के अतवार का दिने पुलिस गिरफ्तार कर लिहलस. कमलाकर पर अछरंग बा कि ऊ एगो मजबूर लड़िकी के मजबूरी के फायदा उठावे का फेर में ओकर दैहिक शोषण कइल चाहत रहुवे. बतावल जात बा कि एगो मरद मेहरारू के मौत का बाद
शनिचर देर रात बलिया जिला के बाँसडीह में बहादुरगंज मुहल्ला में एगो कपड़ा के दुकान एसकेटी साड़ी सेंटर में आग लाग गइल. एह आग से करीब बीस लाख रुपिया के कपड़ा जर गइल. बलिया बांसडीह सड़क खराब रहला का चलते दमकल के गाड़ी चहुँपे में दू घंटा से अधिका लाग गइल आ तबले सबकुछ राख
बलिया जिला के उभांव इलाका के मोलनापुर गाँव से बिना इजाजत मारल नील गाय के माँस ले के जात छह गो नवहियन के पुलिस रुके के इशारा कइलसि त ऊ आपन मोटरसाइकिल आ मांस वगैरह छोड़ छाड़ के भागे लगलें बाकिर पुलिस ओह में से एगो के पकड़े में कामयाब रहल. तीन गो दुपहिया गाड़ी
बलिया जिला के उभांव इलाका के मोलनापुर गाँव से बिना इजाजत मारल नील गाय के माँस ले के जात छह गो नवहियन के पुलिस रुके के इशारा कइलसि त ऊ आपन मोटरसाइकिल आ मांस वगैरह छोड़ छाड़ के भागे लगलें बाकिर पुलिस ओह में से एगो के पकड़े में कामयाब रहल. तीन गो दुपहिया गाड़ी
काल्हु अतवार का दिने बलिया शहर के तीन गो काॅलेजन का साथही रसड़ा के एगो काॅलेज छात्र संघ के चुनाव एकही दिन करवावे के प्रशासन के रणनीति सफल साबित भइल. छात्र नेता लोग आ ओह लोग के समर्थकन के जमावड़ा एके जगहा ना हो पावल आ लोग छितरा के रहि गइल. परिणाम भइल कि चारो
बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार शनिचर का दिने पथ निर्माण विभाग के समीक्षा बैठक का दौरान अधिकारियन के निर्देश दिहलन कि राज्य के कवनो हिस्सा से पटना चहुँपे में पाँच घंटा से अधिका ना लागो एह बाबत तेजी से काम करे लोग. अगिला साल जून में आरा छपरा पुल चालू हो जाए के बातो कहल
वाराणसी से औड़िहार जंक्शन का बीच रेलवे लाइन के दोहरीकरण के काम मार्च ले पूरा करा लीहल जाई एह बात के जानकारी काल्हु रेल राज्य मंत्री मनोज कुमार गाजीपुर में दिहलन. कहलन कि अबहीं ले पूर्वांचल का तरफ रेलवे के धेयान ना गइल रहुवे बाकिर अब एह इलाका के विकास खातिर रेलवे बहुते कुछ करे
बिहार सरकार प्रदेश के सरकारी अस्पतालन खातिर सात हजार नर्सन के बहाली करे वाली बिया. सगरी जिलन से स्वास्थ्य उपकेन्द्र, अतिरिक्त प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र, प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र अउर अनुमंडलीय अस्पतालन में मौजूद रिक्तियन के जानकारी मंगावल गइल बा जेहसे सगरी खाली जगहा भर दीहल जाव. राज्य के सहकारी बैंकनो में नाहियो त पांच हजार कर्मचारियन
रोहतास जिला के नौहट्टा इलाका के सलसा गाँव से चार गो नक्सली उग्रवादियन के असलहा साथे काल्हु शनिचर का दिने गिरफ्तार कर लिहलसि पुलिस. सारण जिला में साढ़े सात सौ अभ्यर्थियन के टीईटी प्रमाण पत्र फर्जी मिलल बा. एह लोग का खिलाफ कार्रवाई करे के प्रक्रिया चालू हो गइल बा. पूर्वी चंपारण जिला के छतौनी
अगिला सत्र से, माने कि 2017 से, सेंटंल बोर्ड ऑफ सेंकेडरी एजुकेशन (सीबीएसई) के दसवीं के इम्तिहान बोर्डे वाला होखी. पहिले विद्यार्थियन के विकल्प रहुवे कि स्कूल वाला इम्तिहान दीहें कि बोर्ड वाला. बाकिर अब स्कूल वाला इम्तिहान के विकल्प ना रही. एके गो इम्तिहान होखी बोर्ड वाला आ सभका ओही में शामिल होखे के
काल्हु रुस से अफगानिस्तान चहुँपल पीएम मोदी अफगानिस्तान में भारत के बनावल संसद भवन के उद्घाटन करे चहुँपलन. ओहिजा उद्घाटन कइला का बाद उनुकर कार्यक्रम सीधे दिल्ली लवटे के रहुवे. काल्हुए नवाज शरीफ के जनमदिन रहुवे त फोन से बधाई दिहलन. नवाज शरीफ बतवलन कि ऊ इस्लामाबाद में नइखन आ अपना घरे बाड़न जहाँ उनुका
जौनपुर के सरायख्वाजा इलाका के रामपुर डेरवां में एगो तेंदुआ तीन जने के घाहिल करत एगो घर में घुस गइल. घर में मौजूद मेहरारू अपना लड़िका के ले के रसोई में घुस गइल आ भीतर से बंद क लिहलसि. तबले गाँव के लोग बाहर से घेर के तेंदुआ के ओही घर में बंद क दिहल.
बलिया जिला के गड़वार इलाका के एकवारी गाँव के नयका चुनाइल परधान सुखारी यादव के बियफे के रात अर्जीनिया के चालीस गो शीशी का साथे फेफना पुलिस ध लिहलसि. पुलिस के पता चलल रहुवे कि सुखारी के आटा मिल से अर्जीनिया बेचात बा. जानकारी मिलला का बाद फेफना पुलिस राते में छापा मार दिहलसि आ
वाराणसी आ इलाहाबद का बीच आजु से बिजली के इंजन से चले लगीहें स रेलगाड़ी. एह रुट के बिजलीकरण नवम्बरे में हो गइल रहुवे आ ओकरा बाद से मालगाड़ी चला के लाईन जाँचल गइल. बाद में पूर्वा एक्सप्रेस चलावल गइल बिजली इंजन से. अब एह रूट के बिजलीकरण पूरा तौर पर हो जाई जब सगरी
चंदौली जिला के राजदरी आ देवदरी वाटर फाॅल के अउरी सुन्दर आ पर्यटन जोग बनावे खातिर केन्द्र सरकार अढ़ाई करोड़ रुपिया खरच करे के मंजूरी दिहले बिया. एहीजा गेस्ट हाउस आ संपर्क मार्ग पहिले से बा आ ओकर जीर्णोद्धार कइला का साथही अउरीओ काम करावल जाई जेहसे एह इलाका में पर्यटन के बढ़ावा मिलो. केन्द्र
हालही में भाजपा से निलंबित कर दीहल सांसद कीर्ति आजाद काल्हु भाजपा अध्यक्ष अमित शाह के चिट्ठी लिख के पूछलन कि उनुका के कवना कसूर में निलंबित कइल गइल बा. लिखले बाड़न कि निलंबन आदेश में डीडीसीए मसला के कवनो जिकिर नइखे तब आखिर कवना बात ला उनुका पर एक्शन लीहल गइल बा. एह बीच
काल्हु नोएडा में एगो पत्रकार सम्मेलन में केन्द्र सरकार के पर्यटन आ संस्कृति राज्य मंत्री महेश शर्मा कहलन कि अयोध्या में राममन्दिर बनावे के सपना भाजपा का साथही केन्द्र सरकारो के बा. कहलन कि एह मामिला के चुनाव से जोड़ला के जरूरत ना होखे के चाहीं. देश में त हमेशा कहीं ना कहीं चुनाव होखते
Older Posts››