देश के सांस्कृतिक राजधानी वाराणसी के यात्रा पर जापान के प्रधानमंत्री शिंजो आबे 12 दिसंबर के आवे वाला बाड़न. एह मौका पर उनुका साथे आपनो प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आ यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव रहीहें.
एह हाई प्रोफाइल यात्रा का दौरान सुरक्षा में कवनो चूक ना होखे पावे एह खातिर प्रशासन सगरी तइयारी करे में जुटल बा.
कार्यक्रम के पूरा ब्योरा अबहीं नइखे आइल बाकिर बतावल जात बा कि 12 दिसंबर के उपरी बेरा तीन बजे दुनू पीएम वाराणसी के बाबतपुर हवाई अड्डा पर उतरीहें जहाँ यूपी के मुख्यमंत्री पहिले से मौजूद रहीहें. साँझ बेरा गंगा आरती में शामिल भइला का बाद शहर के खासमखास लोग का साथे रात्रि भोज के आयोजन होखी आ ओही दिने रात 9 बजे ई लोग नई दिल्ली लवट जाई.
294 total views, 5 views today