web analytics

सिवान में ग्रामीण बैंक के शाखा से 4 लाख लूटाइल

सिवान जिला के भगवानपुर थाना के सकरी गाँव में मोटर साइकिल से आइल डकैत उत्तर बिहार क्षेत्रीय ग्रामीण बैंक में डाका डाल के सोमार का दुपहरिया करीब चार लाख रुपिया लूट ले गइले सँ. लूट का बाद ओकनी के सारण जिला के जनता बाजार का तरफ भागत देखल गइल.
बतावल जात बा कि डकैत आवते बैंक मैनेजर आ मौजूद गाहकन के बंधक बना लिहलें आ आराम से बैंक लूट लिहलें.
पुलिस मामिला के तहकीकात करत बिया बाकिर कवनो डकैत के पकड़ाए के खबर नइखे.

 261 total views,  5 views today

%d bloggers like this: