विधानसभा चुनाव का बाद बनल नयका सरकार आजु बियफे का दिने नयका राजनीतिक समीकरण का हिसाब से बिहार के 39 गो बड़का अफसरन के तबादला कर दीहल गइल. हालांकि चुनाव का पहिलहूं एही लोग के सरकार रहुवे.
आजु जवना अफसरन के तबादला भइल तवना में 28 गो आईएएस आ 11 गो आईपीएस अफसरन के नाम बा. कैमूर, रोहतास समेत 11 गो जिला के डीएम बदल गइल बाड़ें त पाँच जिला में नया पुलिस कप्तान भेजल गइल बा.
337 total views, 10 views today