देशरत्न बाबू डा॰ राजेन्द्र प्रसाद के जयन्ती आजु बिहार में कई जगहा धूमधाम से मनावल गइल. राजेन्द्र बाबू के भोजपुरी से अगाध नेह रहुवे आ राष्ट्रपति भवनो में तब भोजपुरिए बोलत रहीं. नेहरु के ले आवल हिन्दू कोड बिल के भरपूर विरोध करे वाला राजेन्द्र बाबू हमेशा नेहरू का आँख के किरकिरी रहनी बाकिर राजेन्द्र बाबू के व्यक्तित्व का सोझा मजबूरन उनुका बरदाश्त करे के पड़ल रहुवे. नेहरू का चलते देश में अनेके समस्या उपजलीं जवना के आजु ले देश भुगतत बा. बेटी के मुसलमान से शादी हो गइला का चलते नेहरू के ओह मजहब से बहुते प्यार हो गइल रहुवे. अगर राजेन्द्र बाबू जइसन व्यक्तित्व राष्ट्रपति का पद पर ना रहीत त नेहरू अउरियो पता ना का का कइले रहतन हिन्दूवन का खिलाफ.
यूपी में राजेन्द्र बाबू के जनम दिन कई जगहा अधिवक्ता दिवस का रूप में मनावल गइल. आ एह मौका पर सीनियर अधिवक्ता लोग के सम्मानित कइल गइल.
121 total views, 4 views today