आजु पूर्वी चंपारण जिला के रक्सौल में भारत-नेपाल सीवान पर नेपाल से आवत एगो ट्रक के रोके खातिर नो मैन्स लैंड पर प्रदर्शन करत मधेसी आंदोलन के लोग तस्करन से अझुरा गइल आ एह दौरान एक दर्जन से अधिका लोग घवाहिल हो गइल.
एह बवाल का बाद से भारत-नेपाल मैत्री पुल का नियरा तनाव के हालात बन गइल बा. आजु कई जगहा मधेसी आंदोलन में आगजनी आ हिंसा होखे के खबर बा. आंदोलन करत मधेसियन पर तस्करी करे वालन के गिरोह असलहा आ लाठी डंडा से हमला बोल के बहुते लोग के घवाहिल क दिहले.