अतवार 6 दिसंबर के अयोध्या के राम मंदिर पर बनल बाबरी मस्जिद ढहावे के बरखी भा जयंती मनावे वालन का चलते प्रदेश मेंं सुरक्षा के कड़ा इन्तजाम कइल गइल बा.
फैजाबाद जिला के चार जोन आ सात सेक्टर में बाँटल गइल बा आ ओहिजा पैंतीस गो मजिस्ट्रेट लगावल गइल बाड़ें सुरक्षा खातिर. हर आवे जाए वाला के सघन तलाशी लीहल जात बा आ सभका पर नजर राखल जात बा.
शनिचर का दिने अयोध्या में रैपिड एक्शन फोर्स के जवान फ्लैग मार्च कइले.
292 total views, 5 views today