नेपाल के नयका संविधान के विरोध करत मधेसी समुदाय के गोलन के नेता अतवार का दिने भारत आवे वाला बाड़ें आ एहिजा ई लोग प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी समेत अनेके बड़का नेता लोग से मिल के मधेसी आन्दोलन का बारे में चरचा करीहें.
एह लोग के मनसा बा कि भारत सरकार अपना प्रभाव के इस्तेमाल क के मधेेसी लोग के हित में फैसला करावसु.
जान जाईं जे मधेसी लोग में भारतीय मूल के लोग अधिका बा.