web analytics

अमेरिका में गोलीबारी इस्लामिक स्टेट करवले रहुवे

हालही में अमेरिका के केलिफोर्निया शहर के एगो रेस्तरां में गोलीबारी क के 14 लोग के जान ले लीहल गइल आ 17 जने घवाहिल भइलें. ई हमला करवावे के बात आतंकी संगठन इस्लामिक स्टेट सकार लिहले बा आ एगो बयान जारी क के अमेरिका के धमकवले बा कि अगर अमेरिका चेतल ना एह तरह के अउरी हमला करवावल जाई.

केलिफोर्निया के गोलीबारी के दोषी मरद मेहरारू के नाता पाकिस्तान के मशहूर लाल मस्जिद से मिलल बा जवना के आतंकियन के गढ़ मानल जाला. लाल मस्जिद के इमाम मौलान अजीज पिछलके साल एलान कइले रहुवे कि ऊ इस्लामिक स्टेट के साथ दीही.

बाकिर एह सब का बावजूद अमेरिका के राष्ट्रपति बराक ओबामा चिन्ता आ दुख जाहिर कइले बाड़न कि अमेरिका में अब मुसलमानन पर हमला होखे लागल बा आ मुसलमानन का खिलाफ बयानबाजी होखत बा. असल में उनुका इहे डर बा कि मुसलमानन का खिलाफ कड़ा रुख लिहला पर इस्लामिक स्टेट आ इस्लामी आतंकी अमेरिका का खिलाफ हमला बढ़ा दीहें.

 223 total views,  10 views today

%d bloggers like this: