छपरा के जयप्रकाश विश्वविद्यालय के कुलपति के प्रभार प्रोवीसी प्रो लोकेश चंद्र शनिचर का दिने सम्हार लिहलन, उनुका के एह पद पर ज्वायन करे के निर्देश कुलाधिपति आ राज्यपाल का तरफ से आइल रहे. प्रभार लिहला का बाद प्रोवीसी कहलन कि जेपीविवि में पढ़ाई के माहौल बनावल जाई. सत्र नियमित करे आ समय पर परीक्षा ले के समय पर रिजल्ट निकाले के व्यवस्था कइल जाई. केहु का खिलाफ बदला के नीयत से कवनो काम ना होखी.
393 total views, 5 views today