जयप्रकाश विश्वविद्यालय के कुछ दिन पहिले ले कुलपति रहल प्रो.डीके गुप्ता के गइला का बाद उनकर एगो अउर कारनामा सोझा आइल बा. विश्वविद्यालय के कुलपति ला एगो महँग गाड़ी इनोवा रहला का बावजूद ऊ एगो फारचूनर गाड़ी खरीदवा लिहलन जवना के दाम साढ़े अठाइस लाख बतावल जात बा. पिछला नवंबर महीना में खरीदल ई गाड़ी कुलपति आवास के गैरेज में पड़ल बिया जबकि ओह घरी कर्मचारियन के तनखाहो देबे के पइसा विश्वविद्यालय का लगे ना होखे के बात बतावल जात रहुवे.
250 total views, 5 views today