web analytics

सास ससुर पर परेशान करे के मुकदमा लिखवली मोहन राठौर के पत्नी

मोहन राठौर आ गुल हमीद के फाइल फोटो

सास ससुर पर परेशान करे के मुकदमा लिखवली मोहन राठौर के पत्नी
महुआ चैनल के सुर संग्राम विजेता रहल मोहन राठौर सफलता का चकाचौंध आ भोजपुरी सिनेमा उद्योग के असर में अइसन बदल गइलन कि पहिलका बीबी छोड़ के दोसरा का अँचरा में डूब गइलन. गाँवे रह गइल पत्नी निर्मला देवी काल्हु अपना सास ससुर का खिलाफ प्रताड़ना देबे के मुकदमा दिलदारनगर थाना में लिखववली जवना का बाद पुलिस उनुका ससुर आ मोहन राठौर के बाबूजी सरोज राठौर के गिरफ्तार क लिहलसि.
बाद में सरोज राठौर निजी मुचलका पर रिहो हो गइलन. पुलिस निर्मला देवी के शिकायत के जाँच करे के बात कहत बिया.
ओने मुंबई में रहत मोहन राठौर के कहना बा कि मुंबई में रहला का चलते उनुका गाँव के सही आ पूरा खबर नइखे बाकिर तबहियो सगरी दोष अपना मेहरारुवे पर लगवले बाड़न. उनकर कहना बा कि ऊ पहिलहूं अइसने अछरंग लगा के उनुका के परिवार के परेशान कइले रहुवे.

 123 total views,  2 views today

%d bloggers like this: