web analytics

छपरा में लउकत बा पूरा हिन्दुस्तान

आजु से होखे जात नेशनल जूनियर वालीबाल चैंपियनशिप खातिर छपरा में पूरा हिन्दुस्तान लउके लागल बा काहे कि पूरा देश से वालीबाल टीम चहुँपल बाड़ी स छपरा एह प्रतियोगिता में शामिल होखे ला.
अतवारे से अलग अलग ट्रेन से टीमन के आवे के ताँता लागल बा जवन काल्हु सोमार तक चलल. सगरी टीमन के लड़िका खिलाड़ियन के चांदमारी रोड प सेन्ट्रल पब्लिक स्कूल में आ लड़िकी खिलाड़ियन ब्रजकिशोर किंडर गार्टेन स्कूल में ठहरावल गइल बा. खाना आ नाश्ता के इंतजाम रामजयपाल कॉलेज में करावल गइल बा.
अलग अलग राज्यन से आइल खिलाड़ी छपरा घूमतो बाड़न आ राजेन्द्र स्टेडियम में बारी बारी चहुँप के आपन अभ्यासो जारी राखत बाड़ें.
मिनी हिन्दुस्तान बन गइल छपरा के ई नजारा 13 दिसंबर ले रहे वाला जहिया एह प्रतियोगिता के समापन होखी.
आजु एकर उद्घाटन भारतीय वॉलीबॉल संघ के सेकेट्री जनरल रामअवतार सिंह जाखड़ करीहें आ एह मौका पर छपरा से भाजपा सांसद आ देश के कौशल विकास राज्य मंत्री राजीव प्रताप रूडीओ मौजूद रहीहें.

 310 total views,  5 views today

%d bloggers like this: