web analytics

नेशनल हेराल्ड मामिला में अझुराइल सोनिया राहुल खातिर आगे अइलें कांग्रेसी सांसद

नेशनल हेराल्ड के करोड़ो के संपति गलत तरीका से हथियावे का फेर में सोनिया गाँधी आ राहुल गाँधी कानून का फेरा में पड़ गइल बा लोग. मामिला के सुनवाई करत निचली अदालत कहलस कि ओकरा लागत बा कि एह मामिला के जाँच होखे के चाहीं त सोनिया आ राहुल दिल्ली हाई कोर्ट में गोहार लगावल लोग. ओहिजो से जब राहत ना मिलल आ आजु मामिला के सुनवाई करत जज के तबादला हो गइल. अब एह तबादला का आधार पर एह लोग के 19 तारीख ले पेशी से छूट मिल गइल आ तबले कांग्रेस के बड़का वकील लोग मिल जुल के कवनो ना कवनो बहाने सुप्रीम कोर्ट से राहत लेहिए ली लोग.
याद करीं कि एगो जीरो लाॅस वकील के एक फोन पर तीस्ता के जमानत मिल गइल रहुवे तब ई त सोनिया आ राहुल के मामिला बा. साठ बरीस ले राज करे वाली कांग्रेसी सरकार अइसन इंतजाम क गइल बाड़ी सँ कि गाँधी परिवार के कवनो घोटाला बा नाजायज काम करे का मामिला में लपेटल मुश्किल हो गइल बा. या त तारीख ना मिली, मिली त सुनवाई ना होखी. बीचे में जज के बदल दीहल जाई भा कवनो जज अपना के ओह मामिला से अलगा क ली. ले दे के हर हाल में परिणाम इहे रही कि ई लोग छुट्टा चरत रही एह देश के.
आजु त सोनियो गाँधी छाती ठोक के कहले बाड़ी कि ऊ इन्दिरा गाँधी के पतोह हई आ केहू से ना डेरइहें. लागत बा कि उनुका कानून आ अदालतो से डर नइखे.
दोसरा तरफ कांग्रेसी सांसद आजु संसद के दुनू सदन के एही मामिला का चलते ना चले दिहलें. कांग्रेसियन के कहना बा कि ई राजनीतिक अदावत आ ओकरा नेता लोग के फँसावल जात बा. जबकि ई सगरी मामिला यूपीए का समये से अदालत में चलत बा आ नया कुछ नइखे भइल एहमें. बाकिर कांग्रेसियन के लागत बा कि मोदी सरकार न्यायपालिको के अपना कस में ले लिहले बिया आ ओह लोग के चोरी चकारी के अनदेखी नइखे करत. आखिर साठ बरीस से देश के लूटत आइल लोग का खिलाफ अब काहे कानून के राह पकड़ल जात बा.

 497 total views,  2 views today

%d bloggers like this: