भाकपा के पुरनिया नेता अर्धेंदु भूषण बर्धन (जिनका के लोग एबी बर्धन का नाम से जानेला) के काल्हु पार्टी आफिस में लकवा मार दिहलसि जवना का बाद हो गइल नाजुक हालत में उनुका के दिल्ली के जीबी पंत अस्पताल में भरती करावल गइल बा. ऊ बेहोश बाड़न आ उनकर हालत चिंताजोग बा.
91 बरीस के बर्धन नागपुर से कई बेर चुनाव लड़लन बाकिर जीत एके बेरा साल 1957 में मिलल रहुवे. बाकिर सीपीआई के बड़का नेता का रूप में ऊ भाकपा के राजनीति में बड़हन नाम रहलन आ पार्टी के जनरल सेक्रेटरी रहलन. सीपीआई आ कम्युनिष्ट गोल में जनरल सेक्रेटरी के पद सबले खास आ ताकतवर मानल जाला.
बर्धन साल 1996 से भाकपा के जनरल सेक्रेटरी बाड़न.
313 total views, 2 views today