सिवान जिला के एगो विशेष अदालत काल्हु राजद का तरफ से सिवान के सांसद रह चुकल नेता शहाबुद्दीन के हत्यारा मान लिहलसि.
एगारह बरीस पहिले दू गो नवहियन पर तेजाब डाल के ओहनी के हत्या करे का मुकदमा में अदालत काल्हु शहाबुद्दीन समेत चार जने के हत्यारा मान लिहलसि. एहमें से बाकी तीन जने – राज कुमार साह, मो.आरिफ हुसैन अउर शेख असलम – जमानत पर छूट गइल रहले आ ओहू तीनो के काल्हु जेल भेज दीहल गइल.
सजा सुनावे काम काल्हु शुक का दिने कइल जाई.
448 total views, 2 views today