कामगारन के तनखाह सीधे ओह लोग का बैंक खाता में
December 11, 2015
बिहार सरकार फैसला कइले बिया कि राज्य के असंगठित क्षेत्र के मजदूरन आ कर्मचारियन के तनखाह सीधे ओह लोग के बैंक खाता में भेजल जाव. एक हजार रुपिया महीना से उपर के तनखाह पावे वाला हर कामगार भा कर्मचारी के तनखाह ओकरा बैंक खाता में भेजल जरुरी होखी.
एह फैसला से ओह लोग पर लगाम लाग सकी जे मानक से कम तनखाह देबेलें अपना कर्मचारियन के भा ओह में कागजी व्यवस्था बना के अधिका के तनखाह पर दस्तखत करावेलें.